गोरखपुर। इंडिगो एयरलाइंस के सेवा में दिक्कत के चलते गोरखपुर के यात्री लगातार परेसान बा लोग। सोमार के दिन दिल्ली आ बंगलूरू के दुगो उड़ान रद्द रहल। अब ई उड़ान 11 दिसंबर तक निरस्त कs दिहल गइल बा। ओहिजा, मंगर के दिन इंडिगो के दिल्ली, कोलकाता आ बंगलूरू के उड़ान रद्द रही। एयरलाइंस यात्री लोगन के पहिलही से ई जानकारी भेज चुकल बा।
सोमार के पूर्वाह्न 11:40 बजे दिल्ली से आवे वाली इंडिगो फ्लाइट निरस्त रहल। एह कारण से गोरखपुर से जाये वाली फ्लाइट कैंसिल हो गइल। संगे-संगे बंगलूरू-गोरखपुर-बंगलूरू वाली इंडिगो फ्लाइट रद्द रहल। यात्रियन के एक दिन पहिलही जानकारी दे दिहल गइल रहे। बाकिर कुछ यात्री एकरा बादो एयरपोर्ट पहुंच गइल रहे लोग।
जानकारी मिलला के बाद ओह लोग के लवट के जाये के पड़ल। यात्रियन में एयरलाइंस के लेके बहुते नाराजगी देखल गइल। एयरपोर्ट प्रशासन के मोताबिक, मंगर के सबेरे दिल्ली-गोरखपुर-दिल्ली, दुपहरिया में कोलकाता-गोरखपुर-कोलकाता आ सांझ में बंगलूरू-गोरखपुर-बंगलूरू के उड़ान निरस्त रही। यात्रियन के ई सूचना मैसेज के माध्यम से भेजल गइल बा।
एयरपोर्ट निदेशक संजय कुमार बतवलें कि दिल्ली आ बंगलूरू के ई उड़ान 11 दिसंबर तक रद्द रही। यात्रियन के ई जानकारी भेज दिहल गइल बा। ऊ कहलें कि सोमार के दिन आउर सब उड़ान समय पs सामान्य रूप से संचालित भइल। कवनो यात्री के सामान/लगेज एयरपोर्ट पs इंडिगो के लगे नइखे छुटल। गोरखपुर से अलग-अलग सेक्टर में यात्रा करे वाला सब यात्रियन के लगेज सुरक्षित रूप से संबंधित गंतव्य तक भेज दिहल गइल बा।
एही बीच यात्रियन के सलाह दिहल जा रहल बा कि ऊ लोग आपन फ्लाइट समय आ इस्थिति के लगातार जांच करत रहे। इंडिगो एयरलाइंस लगातार स्थिति पs नजर राखत बा आ जरूरत पड़ला पs अपडेट देत रही। यात्रियन के सहूलियत आ सुरक्षित यात्रा खातिर एयरपोर्ट प्रशासन पूरा तरे सजग बा।
Read Also: IND vs SA Playing 11 : गिल आ हार्दिक के होई वापसी, सैमसन-जितेश में से केकरा मिली मौका? जानीं






