[the_ad_group id="30365"]

UP Encounter : यूपी में एगो आउर एनकाउंटर, 50 हजार के इनामी समयदीन मुठभेड़ में ढेर

UP police encounter where 50k rewarded criminal Samaydheen killed
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शामली : उत्तर प्रदेश के शामली जिला में पुलिस 50 हजार रुपिया के इनामी बदमाश समयदीन उर्फ सामा के मुठभेड़ में मार गिरवलस। थानाभवन आ बाबरी थाना क्षेत्र के संयुक्त पुलिस टीम सोमार के देर रात ई कार्रवाई कइलस। ई ऑपरेशन पुलिस खातिर एगो बड़ उपलब्धि साबित भइल।

लमहर समय से फरार रहे अपराधी

एसपी शामली एनपी सिंह बतवलें कि समयदीन, निवासी मोहल्ला रायजादगान थाना कांधला, कइयन गो गंभीर ममिलन में वांछित रहे। ऊ लमहर समय से पुलिस के पकड़ से बाचत आवत रहे आ जनता कॉलोनी ऊरुकेरे, जनपद तुमकुर (कर्नाटक) में लुका के रहत रहे। पुलिस ओकरा गतिविधियन पs लगातार नजर बनवले रहे।

सूचना मिलतही पुलिस कइलस घेराबंदी

देर रात पुलिस के सूचना मिलल कि समयदीन कवनो बड़ घटना के अंजाम देवे के तइयारी में बा। एकरा बाद थानाभवन आ बाबरी पुलिस के टीम तुरंत इलाका में घेराबंदी कइलस। जइसही बदमाश पुलिस के देखलस, ऊ बिना देर कइले अंधाधुंध फायरिंग सुरू कs देलस।

जवाबी कार्रवाई में घायल होके गिरल बदमाश

एसपी बतवलें कि पुलिस आत्मरक्षा में जवाबी फायरिंग कइलस। एह दौरान समयदीन गंभीर रूप से घायल हो गइल। पुलिस ओकरा के तत्काल अस्पताल ले गइल, जहां डॉक्टर लोग ओकरा के मृत घोषित कs देलस।

मुठभेड़ स्थल से हथियारन के बड़ जखीरा बरामद

पुलिस टीम मौका से कइयन गो हथियार बरामद कइलें, जवना में सामिल बा-

  • 9 एमएम पिस्टल
  • .32 बोर पिस्टल
  • 315 बोर तमंचा
  • कइयन गो खोखा आ जिंदा कारतूस

पुलिस के अनुसार समयदीन पs गैंगस्टर एक्ट सहित कइयन गो संगीन ममिला दर्ज कइले रहस। टीम अब ओकर आपराधिक कुंडली खंगारत बिया ताकि ओकरा नेटवर्क आ सहजोगियन के पता लगावल जा सके।

पुलिस टीम के मिली पुरस्कार

एसपी एनपी सिंह कहलें कि जनपद में कानून-बेवस्था के चुनौती देवे वालन के खिलाफ सख्त कार्रवाई जारी रही। ऊ पुलिस टीम के बहादुरी आ तत्परता के सराहना करत टीम के पुरस्कृत करे के घोषणा कइलें।

ऊ इहो सुनिश्चित कइलें कि मुठभेड़ पूरा तरे से नियमन आ आत्मरक्षा के तहत कइल गइल बा। पुलिस दावा कइले बिया कि आगे अपराधियन के खिलाफ अभियान लगातार जारी रही, ताकि जिला में शांति आ सुरक्षा बनल रहे।

Read Also: CRPF Jawan Death : झारखंड के चाईबासा में गोरखपुर निवासी सीआरपीएफ जवान के परेड करत घरी मौत

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]