Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

INDW vs SAW: भारतीय महिला टीम के बड़ कारनामा, 90 साल में पहिला बेर भइल अइसन

357

 

भारत आ दक्षिण अफ्रीका महिला क्रिकेट टीम के बीच चेन्नई एमए. चिदंबरम स्टेडियम में एक मैच के टेस्ट सीरीज खेलल जा रहल बा. एह मैच में टीम इंडिया के कप्तान हरमनप्रीत कौर टॉस जीतला के बाद पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला कइले रहले जवना में पहिला दिन के खेल खतम भइला पs भारतीय टीम के स्कोर 525 रन रहल. दूसरा दिन के पहिला सत्र में टीम इंडिया 6 विकेट के नुकसान में 603 रन के स्कोर से आपन पहिला पारी के घोषणा कईलस। एकरा संगे भारतीय टीम महिला टेस्ट क्रिकेट के 90 साल के इतिहास में पहिला बेर बड़ कारनामा हासिल कईले बिया।

टीम इंडिया महिला टेस्ट क्रिकेट में एक पारी में 600 रन बनावे वाली पहिला टीम बन गईल

दक्षिण अफ्रीका के महिला टीम का खिलाफ पहिला पारी में टीम इंडिया के शानदार बल्लेबाजी प्रदर्शन देखल गइल जवना में शेफाली वर्मा 205 रन के पारी खेलली जबकि स्मृति भी 149 रन के पारी कइली. एकरा अलावे ऋचा घोष 86 रन के बेहतरीन पारी खेलली जबकि कप्तान हरमनप्रीत कौर 69 रन के बेहतरीन पारी खेलले. एकरा संगे महिला टेस्ट क्रिकेट के इतिहास में पहिला बेर कवनो टीम एक पारी में 600 रन बनवले बिया, जवना में भारतीय टीम इs कारनामा हासिल करे में कामयाब भईल बिया। एकरा संगे महिला टेस्ट क्रिकेट में एक पारी में सबसे जादा स्कोर बनावे के रिकॉर्ड टीम इंडिया के नाम पs भी दर्ज भईल बा। एहसे पहिले ई रिकार्ड आस्ट्रेलिया के महिला टीम के नाम पss रहुवे जवन साल 2024 में पर्थ में दक्षिण अफ्रीकी टीम के खिलाफ भइल टेस्ट मैच में अपना पहिला पारी में 575 रन बनवले रहुवे.

महिला टेस्ट क्रिकेट इतिहास में एगो पारी में सर्वाधिक स्कोर

*भारत – 603 रन (बनाम साउथ अफ्रीका, चेन्नई टेस्ट मैच, साल 2024)

*ऑस्ट्रेलिया – 575 रन (बनाम साउथ अफ्रीका, पर्थ टेस्ट मैच, साल 2023)

*ऑस्ट्रेलिया – 569 रन (बनाम इंग्लैंड, गिल्डफोल्ड टेस्ट मैच, साल 1998)

*ऑस्ट्रेलिया – 525 रन (बनाम भारत, अहमदाबाद टेस्ट मैच, साल 1984)

*न्यूजीलैंड – 517 रन (बनाम इंग्लैंड, स्केयरबर्ग टेस्ट मैच, साल 1996)

 

 

878290cookie-checkINDW vs SAW: भारतीय महिला टीम के बड़ कारनामा, 90 साल में पहिला बेर भइल अइसन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.