IND vs ENG: इंग्लैंड दौरा के खातिर भारतीय अंडर-19 टीम के एलान, CSK के ई युवा स्टार बनल कप्तान, वैभव के मिलल जगह

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: इंग्लैंड दौरा खातिर भारतीय अंडर-19 टीम के एलान हो चुकल बा। एह दौरा पs भारतीय अंडर-19 टीम कुल आठ मैच खेली। एमे एगो वार्म अप मैच, इंग्लैंड अंडर-19 टीम के खिलाफ पांच वनडे आ दुगो बहु दिवसीय मैच सामिल बा। एह सीरीज के सुरुआत 24 जून से होई। भारतीय अंडर-19 टीम के कमान चेन्नई सुपर किंग्स के सुपरस्टार नवहा बल्लेबाज आयुष म्हात्रे के सउपल गइल बा। ओहिजा, एह टीम में 14 साल के वैभव सूर्यवंशियो के जगह मिलल बा। ई दुनो एह सीजन आईपीएल में सानदार प्रदर्शन कइले बा लो। वैभव तs शतकाे जड़लें बाड़ें।

बीसीसीआई सचिव देवाजीत सैकिया कइलें एलान

बीसीसीआई बियफे के प्रेस रिलीज में टीम के एलान कइलस। बीसीसीआई बतवलस, ‘जूनियर क्रिकेट समिति 24 जून से 23 जुलाई तक होखे वाला इंग्लैंड के आगामी दौरा खातिर भारत के अंडर-19 टीम के चयन कइल गइल। एह दौरा में 50 ओवर के अभ्यास मैच, ओकरा बाद पांच मैचन के युवा एकदिवसीय श्रृंखला आ इंग्लैंड अंडर-19 के खिलाफ दु बहु-दिवसीय मैच सामिल बा।’ सीरीज खातिर अभिज्ञान कुंडू के उपकप्तान बनावल गइल बा। उ विकेटकीपरो होइहें।

इंग्लैंड दौरा खातिर भारत के अंडर-19 टीम: आयुष म्हात्रे (कप्तान), वैभव सूर्यवंशी, विहान मल्होत्रा, मौल्यराजसिंह चावड़ा, राहुल कुमार, अभिज्ञान कुंडू (उप-कप्तान और विकेटकीपर), हरवंश सिंह (विकेटकीपर), आरएस अंबरीश, कनिष्क चौहान, खिलान पटेल, हेनिल पटेल, युधाजीत गुहा, प्रणव राघवेंद्र, मोहम्मद एनान, आदित्य राणा, अनमोलजीत सिंह।

स्टैंडबाय खिलाड़ी: नमन पुष्पक, डी दीपेश, वेदांत त्रिवेदी, विकल्प तिवारी, अलंकृत रापोल (विकेटकीपर)।

भारतीय अंडर-19 टीम के इंग्लैंड दौरा
तारीख (कब से)कब तकमैचस्थान
24 जून 50-ओवर वार्म अपलॉफबोरो यूनिवर्सिटी
27-जून पहला वनडेहोव
30-जून दूसरा वनडेनॉर्थैम्पटन
02-जुलाई तीसरा वनडेनॉर्थैम्पटन
05-जुलाई चौथा वनडेवॉर्सेस्टर
07-जुलाई पांचवां वनडेवॉर्सेस्टर
12-जुलाई15-जुलाईपहिला बहु दिवसीयबेकनहैम
20-जुलाई23-जुलाईदूसरका बहु दिवसीयकेम्सफोर्ड

भारत-ए टीम के घोषणा हो चुकल बा

एकरा पहिले बीसीसीआई भारत-ए टीम के घोषणा कइले रहे। बोर्ड अभी ले इंग्लैंड दौरा खातिर भारतीय सीनियर टीम के एलान नइखे कइले। एकरा एक दु दिन में घोषणा होखे के संभावना बा। भारत ए टीम के इंग्लैंड दौरा पs इंग्लैंड लायंस टीम के खिलाफ दुगो प्रथम श्रेणी मैच खेले के बा। भारतीय टीम एह दौरा पs अभिमन्यु ईश्वरन के कप्तानी में खेले उतरी।

भारत ए आ इंग्लैंड लायंस के बीच पहिला मुकाबला 30 मई से दु जून तक खेलल जाई, जबकि दूसरका मुकाबला छव से नव जून तक नॉर्थम्पटन में होई। एकरा बाद टीम 13 से 16 जून तक इंट्रा स्क्वाड मैच खेली। ओहिजा, सीनियर टीम 20 जून से इंग्लैंड के खिलाफ पांच मैचन के टेस्ट सीरीज खेली। एही के संगे भारत के नया विश्व टेस्ट चैंपियनशिप (2025-27) के सुरुआतो हो जाई।

Read Also: Aadhaar कार्ड पs लउके के बा हैंडसम? एह आसान ट्रिक से बन जाई काम

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-