भारत-पाक मैच से पांच दिन पहिले भारतीय कोच कोरोना संक्रमित, कइसे होई टीम इंडिया के तैयारी

कुमार आशू

एशिया कप 2022 से पहिले भारतीय टीम के कठिनाई बढ़त देखाई देता। टीम के मुख्य कोच राहुल द्रविड़ कोरोना से संक्रमित हो गइल बाड़न आ अपना के आइसोलेट कर लिहले बाड़न| बीसीसीआई के सचिव जय शाह बतवले कि टीम इंडिया के दुबई जाए से पहिले कोरोना टेस्ट में राहुल के संक्रमित पावल गइल रहे। उनका में हल्का लक्षण बा अउरी उनकर देखभाल बीसीसीआई के मेडिकल टीम करतिया। द्रविड़ फिलहाल टीम का साथे यूएई ना जइहें आ पारस महाम्ब्रे के एकर भूमिका दिहल जाई. कोरोना से ठीक भइला का बाद द्रविड़ भारतीय टीम में शामिल हो सकीहें. उनका अनुपस्थिति से पाकिस्तान के खिलाफ भारतीय टीम के तैयारी प भी असर पड़ी। अभिन ले वीवीएस लक्ष्मण ए टीम में शामिल होईहे कि ना, एकरा बारे में कवनो जानकारी नईखे दिहल गईल।

लक्ष्मण द्रविड़ के अनुपस्थिति में कई बेर भारतीय टीम के कोच के जिम्मेवारी सम्हार चुकल बाड़े। लक्ष्मण हालही में जिम्बाब्वे का खिलाफ वनडे सीरीज में कोच के जिम्मेवारी सम्हरले रहलन. एह सिरीज में द्रविड़ के आराम दिहल गइल रहे.

लक्ष्मण एनसीए के प्रमुख हउवें, आ एहसे पहिले आयरलैंड का खिलाफ दू गो टी-20 में भारतीय टीम के कोचिंग दे चुकल बाड़न| उ बहुत दिन से आईपीएल में सनराइजर्स हैदराबाद खातिर मेंटर के भूमिका भी निभवले रहलें। इंग्लैंड में प्रैक्टिस मैच का दौरान लक्ष्मण भारतीय खिलाड़ियन का साथे भी रहले आ टीम के सगरी खिलाड़ियन के साथे उनकर तालमेल बढ़िया बा| भारतीय कोच का रूप में उनकर रिकार्ड बहुते बढ़िया बा. उनका कोच रहले मे भारत कुल पाँच गो मैच खेल चुकल बा आ सगरी मैच जीत चुकल बा. एहमें आयरलैंड के दू गो टी-20 आ जिम्बाब्वे में तीन गो वनडे शामिल बा.

टीम इंडिया के तइयारी पर असर पड़ी

भारतीय टीम आजु एशिया कप खेले खातिर दुबई रवाना होखे वाला बा बाकिर कोच द्रविड़ के कोरोना संक्रमित भइला का बाद टीम के समस्या बढ़ गइल बा| अब भारतीय टीम राहुल द्रविड़ के बिना दुबई खातिर रवाना हो जाई. द्रविड़ से पहिले भारतीय टीम के स्टार तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह भी चोट के चलते टीम से बाहर बाड़े। एहसे भारतीय टीम के तइयारी पर असर पड़ सकेला. द्रविड़ टीम के हेड कोच हउवें आ सगरी खिलाड़ियन के बेहतर तरीका से समझत बाड़न. उनका अनुपस्थिति में कप्तान रोहित अकेले रह सकतारे। हो सकेला कि उनुका गेंदबाजी कोच पारस महाम्ब्रे का साथे रणनीति बनावल मुश्किल हो जाव. हालांकि कोच द्रविड़ के लगे फोन कॉल के माध्यम से रोहित से बातचीत करे के विकल्प भी बा।

Share This Article