Team India: दु बेर के विश्व चैंपियन ई भारतीय क्रिकेटर लेलस संन्यास, भारत खातिर 2012 में खेलले रहे पिछलका मैच

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: भारत के स्टार लेग स्पिनर पीयूष चावला क्रिकेट के सब प्रारूपन से संन्यास ले लेले बाड़ें। सुक के इंस्टाग्राम पोस्ट के माध्यम से ऊ एकर घोषणा कइलें। पीयूष 2007 टी20 विश्व कप आ 2011 वनडे विश्व कप जीते वाली भारतीय टीम के हिस्सा रहल रहस। ऊ भारत खातिर पिछला मैच 2012 में खेलले रहस। हालांकि, पीयूष के 2007 टी20 विश्व कप में एको मैच खेले के मवका ना मिलल रहे। पीयूष अपना पोस्ट के कैप्शन में लिखलें, ‘कृतज्ञता के संगे एह अध्याय के अंत कs रहल बानी!! खेल के सब प्रारूपन से संन्यास ले रहल बानी। एह खूबसूरत यात्रा में रउआ सभन के समर्थन खातिर धन्यवाद। पीयूष अपना पोस्ट में टीम इंडिया आ आईपीएल के जर्सी में कइयन गो तस्वीर साझा कइले बाड़ें।

आईपीएल फ्रेंचाइजियन के देलें धन्यवाद

पीयूष लमहर नोट शेयर करत लिखलें, ‘मैदान पs दु दशक से जादे समय बितवला के बाद, अब एह खूबसूरत खेल के अलविदा कहे के समय आ गइल बा। भारत के सर्वोच्च स्तर पs प्रतिनिधित्व करे से लेके 2007 टी20 विश्व कप आ 2011 वनडे विश्व कप जीते वाली टीम के हिस्सा बने तक, एह अविश्वसनीय यात्रा में हर पल कवनो वरदान से कम नइखे रहल। ई इयाद हमेसा हमरा दिल में बसल रहिहें सs। आईपीएल के ओह फ्रेंचाइजियन के दिल से धन्यवाद जे हमरा पs भरोसा कइल – पंजाब किंग्स, कोलकाता नाइट राइडर्स, चेन्नई सुपर किंग्स आ मुंबई इंडियंस। आईपीएल हमरा करिअर के एगो खास अध्याय रहल बा हम एमे खेलते हर पल के संजोवले बानी।

पीयूष परिवार खातिर कहलें ई बात

पीयूष लिखलें, हम आपन कोच – केके गौतम आ स्वर्गीय पंकज सारस्वत के दिल से आभारी बानी – जे हमरा के एगो क्रिकेटर के रूप में विकसित कइल आ आकार दिहल। हमार परिवार एह सफर में हमार ताकत आ एगो स्तंभ रहल बा। परिवार के अटूट समर्थन सब उतार-चढ़ावन के दौरान हमार नींव रहल बा। हम अपना दिवंगत पिता के विशेष उल्लेख कइल चाहब। उहां के हमरा पs अटूट विश्वास रहल आ ई हमरा खातिर रास्ता बनवलस। उनका बिना ई यात्रा कबो संभव ना होइत। हम बीसीसीआई, यूपीसीए (उत्तर प्रदेश क्रिकेट एसोसिएशन) आ जीसीए (गुजरात क्रिकेट एसोसिएशन) के धन्यवाद देत बानी, जे हमरा के एगो क्रिकेटर के रूप में खुद के विकसित करे आ अभिव्यक्त करे खातिर मंच आ अवसर प्रदान कइल। आज हमरा खातिर बहुते भावनात्मक दिन बा, काहेकि हम आधिकारिक तौर पs अंतरराष्ट्रीय आ घरेलू क्रिकेट के सब प्रारूपन से अपना संन्यास के घोषणा करत बानी। भलही हम क्रीज से दूर हो जाई, बाकिर क्रिकेट हमेसा हमरा भीतर जिंदा रही। अब हम एह खूबसूरत खेल के भावना आ सबक के अपने संगे लेके एगो नया यात्रा सुरू करे खातिर उत्सुक बानी।’

पीयूष चावला के करिअर

पीयूष 2006 में अंतरराष्ट्रीय डेब्यू कइले रहस। ऊ आपन पहिला मैच 2006 में मोहाली में इंग्लैंड के खिलाफ एगो टेस्ट मैच के रूप में खेलले रहस। एकरा बाद ऊ 2007 में बांग्लादेश के खिलाफ वनडे डेब्यू आ 2010 में दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ टी20 डेब्यू कइले रहस। पीयूष भारत खातिर आखिरी टेस्ट मैच दिसंबर 2012 में इंग्लैंड के खिलाफ, आखिरी वनडे 2011 में नीदरलैंड के खिलाफ आ आखिरी टी20 मैच इंग्लैंड के खिलाफ 2012 में वानखेड़े में खेलले रहस। एकरा बाद ऊ कबो टीम इंडिया में जगह ना बना सकलें। हालांकि, ऊ आईपीएल खेलल जारी रखलें आ एह लीग के सबसे जादे विकेट लेवे वाला गेंदबाजन में से एगो बाड़ें।

पीयूष भारत खातिर तीन टेस्ट, 25 वनडे आ सात टी20 मैच खेललें। टेस्ट में उनका नावे सात विकेट, वनडे में 32 विकेट आ टी20 में चार विकेट बा। आईपीएल में ऊ 192 मैचन में 192 विकेट लेलें। ऊ पिछला साल मुंबई इंडियंस के टीम के हिस्सा रहलें। हालांकि, मेगा ऑक्शन से पहिले उनका के रिलीज कइल गइल आ नीलामी में उनका के केहू ना किनल। एकरा बाद ऊ एह आईपीएल में कमेंट्री टीम के हिस्सा रहलें।

Read Also: Gorakhpur: D.A.V पी.जी. कॉलेज में मनावल गइल ‘विश्व पर्यावरण दिवस’

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-