डेफलंपिक्स: गोल्फर दीक्षा फाइनल में

Anurag Ranjan

भारतीय गोल्फर दीक्षा डागर मूक-बाधिर ओलंपिक (डेफलंपिक्स) के जगे बना सोना जीते कावर एगो आउर डेग बढ़ा देली। पांच साल पहिले 2017 में तुर्की के सैमसन में पिछिला ओलंपिक में रजत पदक जीते आली 21 साल के दीक्षा के नजर अब पहिला स्वर्ण पs टिकल बा। उनकर सामना अमेरिका के ऐशलीन ग्रेस जॉनसन से होई जे स्ट्रोकप्ले में दूसरा स्थान पs रही। भारत अब ले चार स्वर्ण आ दू रजत जीत तालिका में नवा स्थान पs बा। दीक्षा सेमीफाइनल में नार्वे के आंद्रिया होव्स्टीन हेलेगर्डे के हरवले।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।