स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच महिला वर्ल्ड कप के सेमीफाइनल मैच आज नवी मुंबई के डीवाई पाटिल स्टेडियम में खेलल जाये के बा, बाकिर आसमान पs बादल अइसन लटकल बा कि हरमनप्रीत कौर के टीम “इंद्र देवता” से बरसात ना होखे के मन्नत मांगत बिया।
बरसात के डर से मचल बा टेंशन
AccuWeather के रिपोर्ट कहत बा कि नवी मुंबई में आज पूरा दिन बादल घेरले रही आ बीच-बीच में बरखा हो सकेला। पिछला कुछ दिन से नवी मुंबई में झमाझम बरखा भइल बा। भारत के पिछला लीग मैच बांग्लादेश से बरसात के चलते रद्द हो गइल रहे- उ तs ठीक बा काहे कि ओकरा से रैंकिंग पs असर ना पड़ल, बाकिर जदि आज के सेमीफाइनल में बरसात अड़ गइल, तs भारत के सपना अधूरा रह जाई।
जदि मैच ना हो सकल, तs ऑस्ट्रेलिया सीधा फाइनल में पहुंच जाई, काहे कि पॉइंट टेबल में उ भारत से ऊपर बा।
नवी मुंबई के मौसम के हाल
दिन चढ़ला के संगे बादल बढ़े के संभावना बा आ सांझा तक बरखा के चांस सबसे जादे बा। इहां देखीं बरखा के टाइम-वाइज संभावना:
- 3:00 बजे — 7%
- 4:00 बजे — 7%
- 5:00 बजे — 7%
- 6:00 बजे — 7%
- 7:00 बजे — 6%
- 8:00 बजे — 6%
सबेरे हल्का बरखा के बाद दूपहरिया में तनिका राहत मिले के उमेद बा, बाकिर मैच के बीच-बीच में बूंदाबांदी मजा बिगाड़ सकेला।
जदि बरखा से मैच ना हो सकल?
ICC के नियम के मोताबिक, महिला वर्ल्ड कप 2025 के नॉकआउट मैच खातिर “रिजर्व डे” रखल गइल बा। मतलब, जदि आज (30 अक्टूबर) मैच ना हो सकल, तs काल्ह (31 अक्टूबर) के खेल जारी रखल जाई।
बाकिर जदि काल्हो बरसात ना रुकी, तs ऑस्ट्रेलिया फाइनल में पहुंच जाई, काहे कि लीग मैच में ओकर पॉइंट आ नेट रन रेट जादे रहे।
पॉइंट्स टेबल के हाल
ऑस्ट्रेलिया के खाता में 13 पॉइंट आ +2.102 नेट रन रेट बा, जबकि भारत 7 पॉइंट आ +0.628 नेट रन रेट के संगे चउथा स्थान पs बा। अब जदि बरखा खेल बिगड़लस, तs “हरमन ब्रिगेड” के सपना भींज जाई उहो बिना बल्ला घुमवले।







