[the_ad_group id="30365"]

Weather Update : मोंथा के असर से बदलल हालात! यूपी-बिहार सहित कइयन राज्यन में आज बरसी बदरा, IMD के ठंडा के लेके नया अपडेट जानीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। अब लाग रहल बा कि सर्दी के मौसम सांच में आ गइल बा। लोगन के अब अलमारी से स्वेटर निकाले के टाइम आ गइल बा। आंध्र आ ओडिशा के किनार पs उठल मोंथा तूफान अब पूरा उत्तर भारत के मौसम के मिजाज बदल देले बा। एह तूफान के असर से तापमान में गिरावट आ गइल बा आ अब तक तीन लोग के जान चल गइल बा।

मोंथा तूफान के असर: अब यूपी-बिहार में बरसी बदरा

मोंथा के असर अब दिल्ली, यूपी, बिहार आ आसपास के राज्यन तक पहुंच गइल बा। मौसम विभाग (IMD) के मानल जावs तs आज कइयन गो इलाकन में झमाझम बरखा हो सकेला। खास कs के पूर्वी यूपी के 17 जिला में भारी बरखा के अलर्ट जारी भइल बा। दिल्ली में 30 अक्टूबर के हल्का बरखा के आसार बनल बा।

दिल्ली में बरखा के बाद राहत मिली की ना?

दिल्ली सरकार मंगर (28 अक्टूबर) के कृत्रिम बरखा करवावे के कोसिस कइले रहे, बाकिर सफलता ना मिलल। अब मौसम विभाग कह रहल बा कि प्राकृतिक बरखा हो सकेला, जवना से हवा में मिलल जहरीला धुंआ कुछ हद तक साफ हो जाई। 1 नवंबर से दिल्ली में सर्दी के असर तेजी से बढ़ला के उमेद बा।

यूपी में बरखा के बाद ठंडा बढ़ी?

उत्तर प्रदेश में 30 अक्टूबर के हल्का से मध्यम बरखा के संभावना बा। कइयन गो जगह तेज हवा चले के चेतावनी जारी भइल बा। 31 अक्टूबर के कइयन जिला में बरखा के अलर्ट बा। मौसम विभाग के अनुसार मऊ, वाराणसी, जौनपुर, प्रयागराज, अयोध्या, बाराबंकी, रायबरेली, आ बरेली जइसन इलाकन में आज आ काल्ह भारी बरखा हो सकेला।

बिहार में मौसम के हाल

बिहार में मौसम विभाग बतावत बा कि कुछ जिला में हल्का बरखा हो सकेला। पिछला तीन दिन से खराब मौसम के अलर्ट जारी बा आ बुध के करीब 12 जिला में हल्का से मध्यम बरसात दर्ज भइल।
हालांकि विभाग कहत बा कि अगिला 48 घंटा में तापमान में बहुत बदलाव ना लउकी, बाकिर जदि बरखा बढ़ी, तs ठंड के असर जरूर तेज हो जाई।

Read Also: 31 अक्टूबर 2025 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]