[the_ad_group id="30365"]

Rohit Sharma : रोहित शर्मा तुड़लें सचिन तेंदुलकर के 14 साल पुरान रिकॉर्ड, बनलें आईसीसी रैंकिंग में सबसे उमिरदराज नंबर वन

Rohit Sharma becomes number one in ICC ODI rankings, breaks Sachin Tendulkar’s 14-year-old record
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। कुछे दिन पहिले क्रिकेट के दूनिया के लोग अनुमान लगावत रहे कि रोहित शर्मा अब वनडे क्रिकेट से रिटायरमेंट ले लिहें। बाकिर अब देखीं, हालात एकदमे पलट गइल बा। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ तीन मैचन के सीरीज में हिटमैन रोहित शर्मा अइसन इनिंग खेललें कि सबकर होश उड़ गइल। अब ‘हिटमैन’ एक के बाद एक कीर्तिमान ध्वस्त करत जात बाड़ें।

सचिन तेंदुलकर के रिकॉर्ड ध्वस्त कइलें रोहित शर्मा

रोहित शर्मा अब ‘क्रिकेट के भगवान’ कहल जाये वाला सचिन तेंदुलकर के 14 साल पुरान रिकॉर्ड के तुड़ देले बाड़ें। ई रिकॉर्ड साल 2011 से अटूट रहे। आईसीसी वनडे रैंकिंग में रोहित शर्मा अब नंबर वन बन गइल बाड़ें।

रोहित शर्मा पहली बेर बनलें वनडे रैंकिंग में नंबर वन

ऑस्ट्रेलिया सीरीज के बाद आईसीसी नया रैंकिंग जारी कइले बा। भले टीम इंडिया सीरीज हार गइल रहे, बाकिररोहित शर्मा के बल्ला अइसन बोलल कि ऊ रैंकिंग में सबसे ऊपर पहुंच गइलें। ई उनकर करिअर के सबसे बड़ उपलब्धि बा, काहेकि पहिले ऊ कइयन बेर दुसरका नंबर तक तs पहुंचलें, बाकिर टॉप सीट हाथ से फिसल जात रहे। अबकि बेर ऊ मौका हाथ से ना जाये देलें आ सीधा नंबर वन के कुर्सी पs कब्जा जमा लेलें।

सबसे उमिरदराज खिलाड़ी बनलें रोहित शर्मा

रोहित शर्मा अब आईसीसी वनडे रैंकिंग में टॉप पs पहुंचे वाला सबसे उमिरदराज खिलाड़ी बन गइल बाड़ें। पहिले ई रिकॉर्ड सचिन तेंदुलकर के नामे रहे। 2011 में जब सचिन 38 साल 73 दिन के रहलें, तब ऊ नंबर वन बनलें। अब रोहित 38 साल 182 दिन में ऊ जगह ले लेलें। फर्क बस एतने बा कि रोहित ई कीर्तिमान वनडे में बनवलें, जबकि सचिन टेस्ट रैंकिंग में नंबर वन रहलें।

2019 में चूक गइल रहलें मौका

2019 के विश्व कप में रोहित शर्मा एक के बाद एक शतक लगावत रहस, उनकर रेटिंग 882 तक पहुंच गइल रहे, बाकिर तबो ऊ नंबर वन ना बन सकल रहस। अब ऊ 781 रेटिंग के संगे टॉप पs बाड़ें। अफगानिस्तान के इब्राहिम जादरान दुसरका नंबर पs बाड़ें, उनकर रेटिंग 764 बा। मतलब साफ बा कि अब जल्दी से रोहित शर्मा के नंबर वन सीट से केहू हिला ना सकी।

Read Also: IND W vs AUS W Weather : इंद्र देवता से दुआ करी ‘हरमन ब्रिगेड’, बरसात कs सकेला भारत के फाइनल में पहुंचे के सपना

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]