अमेरिका में भारत के चांदी! सोनम पुलिस गेम्स में जीतली पदक, चीन-कनाडा में जीत चुकल बाड़ी गोल्ड-सिल्वर

Indian athlete Sonam wins silver medal at USA Police Games

Share

अमरोहा। गांव के पगडंडी से निकल के पहिले चीन, बाद में कनाडा आ अब अमेरिका में तिरंगा फहरावे के सपना सोनम सिरोही एक बेर फेर पूरा कइले बाड़ी। राष्ट्रीय स्तर पs गला में कइयन गो मेडल पहिने वाली अमरोहा के एह बेटी के कामयाबी के सफर बदस्तूर जारी बा।

तीन दिन पहिले उ अमेरिका में भइल लगातार तीसरका वर्ल्ड पुलिस गेम्स में देस के पदक दिलवले बाड़ी। उ ट्रिपल जंप में रजत पदक जीतले बाड़ी। एह उपलब्धि से सोनम ना खाली परिवार भा जिला बलुक देस के इतरावे के मवका देले बाड़ी। अब घर लवटला पs उनका स्वागत के तइयारी कइल जा रहल बा।

कड़ा मेहनत आ कुछ कर गुजरे के जज्बा मन में लेले सफलता के सीढ़ी चढ़े वाली ई बेटी रजबपुर के गांव मोहम्मदपुर के रहे वाली हई। गांव निवासी किसान राजवीर सिंह आ सुनीता देवी के बेटी सोनम 2018 में बीएसएफ में भरती भइल रहली। हालांकि उ सीआईएसएफ ज्वाइन कs लेले बाड़ी।

ट्रिपल जंप आ लांग जंप के खिलाड़ी सोनम के सुरुआती पढ़ाई किसान माता-पिता गांवे में करवले रहे लो। जबकि 12वीं तक के पढ़ाई उ रजबपुर के नेहरू स्मारक इंटर कालेज से कइली। उहां उ ट्रिपल आ लांग जंप खेल में प्रतिभाग करे लगली।

बेटी के भीतर खेल के लेके जुनून बढ़त देखल लाे तs माता-पिता संगे हो लिहल लो। 12वीं पास कइला के बाद सोनम अमरोहा के जेएस कॉलेज में प्रवेश ले लेलीं, अभ्यास कइला के बाद मुरादाबाद जाये लगली।

सोनकपुर स्टेडियम में पसीना बहवली। एकरा खातिर उ हरदिन 30 किमी दूर मुरादाबाद जाके अभ्यास करत रहली। पढ़ाई के दौरान प्रदेश स्तरीय प्रतियोगिताओं में प्रतिभाग के के सोनम 2015 तक 48 स्वर्ण आ 42 रजत आउर कांस्य पदक अपना नावे कs चुकल रहली।

2018 में बीएसएफ में भरती भइल तs उनका 2019 में चीन के चेंगदू शहर में भइल अंतरराष्ट्रीय पुलिस गेम्स में भारत के तरफ से खेले के मवका मिलल। एह अवसर के सोनम हाथोंहाथ लेली। इहां सोनम खुद के साबित करत एगो गोल्ड आ सिल्वर मेडल जीतले रहली।

ओकरा बाद 2023 में कनाडा के विन्निपेग में भइल एही प्रतियोगिता में सोनम स्वर्ण पदक जीतके देस के नाम रौशन कइले रहली। अब 2025 में उ अमेरिका के बर्मिंघम में संपन्न भइल एही प्रतियोगिता में सिल्वर पदक जीतले रहली।

घरे लवटला पs स्वजन आ जिला के लोग गदगद बा आउर उनका स्वागत के तइयारी कइल जा रहल बा। अभी सोनम अमेरिका में बाड़ी आ उ एह पदक के उ राष्ट्र के नाम समर्पित कइले बाड़ी।

वर्ल्ड पुलिस गेम्स में ई चउथा पदक हs। कवनो खिलाड़ी खातिर अंतरराष्ट्रीय स्तर पs देस के प्रतिनिधित्व कइल गरब के क्षण होला। ई पदक राष्ट्र के समर्पित बा। आगहूं ई सिलसिला जारी रही। बिदेसी धरती पs तिरंगा फहरावल गौरवान्वित करेला। -सोनम सिरोही, खिलाड़ी

Read Also: Fusion Fest 2025: लिरिक्स एकेडमी ऑफ म्यूजिक के ओर से आयोजित ऑडिशन में लउकल प्रतिभा के चमक

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-