Gorakhpur News : एशियाई हैंडबॉल चैंपियनशिप में गोरखपुर से चीन जाई लो दुगो खिलाड़ी- जानीं के हs ई दुनो

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 15, 2025

गोरखपुर। चीन में 17 जुलाई से आयोजित 11वीं एशियाई अंडर-18 यूथ महिला हैंडबॉल चैंपियनशिप खातिर गोरखपुर के दुगो खिलाड़ी वैष्णवी सिंह आ अनन्या यादव के भारतीय टीम में चयन भइल बा। ई प्रतियोगिता 26 जुलाई

Share

गोरखपुर। चीन में 17 जुलाई से आयोजित 11वीं एशियाई अंडर-18 यूथ महिला हैंडबॉल चैंपियनशिप खातिर गोरखपुर के दुगो खिलाड़ी वैष्णवी सिंह आ अनन्या यादव के भारतीय टीम में चयन भइल बा। ई प्रतियोगिता 26 जुलाई तक आयोजित होई। दुनो खिलाड़ी चीन खातिर रवाना हो गइल बा लो।

प्रतियोगिता से पहिले गुजरात के गांधीनगर इस्थित साई सेंटर में कैंप करत रहे लो। एक महीना तक चलल प्रशिक्षण में बेहतर प्रदर्शन के बाद एह लोग के चयन चैंपियनशिप खातिर भइल।

दुनो खिलाड़ियन के चयन पs उत्तर प्रदेश हैंडबॉल संघ के महासचिव डॉ. आनंदेश्वर पांडेय, जिला हैंडबॉल संघ के अध्यक्ष डॉ. राजेश यादव, सीनियर वाइस प्रेसिडेंट डॉ. त्रिलोक रंजन, आरएसओ आले हैदर, पूर्व इंटरनेशनल हैंडबॉल प्लेयर आ जिला हैंडबॉल सचिव अरविंद कुमार यादव, हैंडबॉल कोच नफीस अहमद, संजय राय, मंजुला पाठक आदि बधाई देले बा लो।

Read Also: 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.