स्पोर्ट्स डेस्क। IND vs WI Test: वेस्टइंडीज खिलाफ अगिला महीना खेलल जाये वाला टेस्ट सीरीज खातिर भारतीय टीम के एलान आज होई। टीम के नाम बतवला के बाद मुख्य चयनकर्ता अजीत अगरकर दुबई में प्रेस कांफ्रेंस करिहें। जसप्रीत बुमराह चयन समिति के साफ-साफ कहले बाड़े कि ऊ चयन खातिर उपलब्ध बाड़ें।
आज होई टीम इंडिया के एलान
वेस्टइंडीज (India vs West Indies Test India Squad Announcement Today) के खिलाफ पहिला टेस्ट मैच 2 अक्टूबर से अहमदाबाद में खेलल जाई, जबकि दूसरका टेस्ट 10 अक्टूबर से दिल्ली में होई। एही बीच श्रेयस अय्यर बीसीसीआई के मेल भेज के कहलें कि ऊ टेस्ट से ब्रेक लिहल चाहत बाड़ें। हाले में ऑस्ट्रेलिया-ए खिलाफ दूसरका अनाधिकृत टेस्ट छोड़ के ऊ वापस आ गइल रहलें, जवना के बाद ध्रुव जुरैल के कप्तान बनावल गइल रहे।
श्रेयस अय्यर लिहलें टेस्ट से ब्रेक
श्रेयस राष्ट्रीय चयन समिति आ बोर्ड के बतवलें कि पीठ के पुरान दिक्कत के चलते ऊ कुछ दिन लाल गेना के क्रिकेट से ब्रेक लिहल चाहत बाड़ें। ऊ लिखलें कि पीठ में अकड़न आ थकान से ऊ परेसान बाड़ें, एही से आराम करे के जरूरत बा। हालांकि, सूत्रन के मानल जाव तs चयनकर्ता पहिले से श्रेयस के कह देले रहे लोग कि वेस्टइंडीज (IND vs WI Test) के खिलाफ अभी टीम में उनकर जगह नइखे बनत।
हालांकि, श्रेयस के कानपुर में ऑस्ट्रेलिया-ए खिलाफ खे ल जाये वाला वनडे सीरीज खातिर चुनल जा सकेला। ओहि समय वेस्टइंडीज सीरीज चली आ चयनकर्ता श्रेयस के वनडे फॉर्मेट में अहम खिलाड़ी मानत बाड़ें। ओकरा से संभावना बा कि ऑस्ट्रेलिया दौरा खातिर ऊ टीम में रहिहें।
मानव सुथार के मिल सकेला मौका
एही बीच, ऑलराउंडर रवींद्र जडेजा बेंगलुरु के सेंटर आफ एक्सीलेंस में फिटनेस टेस्ट देत बाड़ें। ओही बीच खबर बा कि वेस्टइंडीज खिलाफ बायां हाथ के स्पिनर मानव सुथार के मौका मिल सकेला। मानव ऑस्ट्रेलिया-ए खिलाफ दोसरा अनाधिकृत टेस्ट में पांच विकेट झटल रहलें। 23 बरिस के सुथार अभी ले 23 प्रथम श्रेणी मैच में 95 विकेट ले चुकल बाड़ें। चयनकर्ता भविष्य के नजर से मानव के मौका देके जडेजा के विकल्प तैयार करे के चाहत बा लोग।
Read Also: Azam Khan : आजम खान 23 महीना बाद भइलें रिहा, सीतापुर जेल से निकलते जुटल भीड़