IND vs WI Test Squad : वेस्टइंडीज सीरीज खातिर टीम के इंडिया के एलान, करुण बाहर, जडेजा बनलें उपकप्तान

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 25, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। अगिला महीना वेस्टइंडीज खिलाफ खेलल जाए वाला दू टेस्ट मैच के सीरीज खातिर बियफे के भारतीय टीम के एलान हो गइल। एह सीरीज में भारत शुभमन गिल के कप्तानी में उतरी, जबकि रविंद्र

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। अगिला महीना वेस्टइंडीज खिलाफ खेलल जाए वाला दू टेस्ट मैच के सीरीज खातिर बियफे के भारतीय टीम के एलान हो गइल। एह सीरीज में भारत शुभमन गिल के कप्तानी में उतरी, जबकि रविंद्र जडेजा के उपकप्तान बनावल गइल बा। भारत आ वेस्टइंडीज के बीच पहिला टेस्ट दू अक्टूबर के अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में खेलल जाई। इंग्लैंड के खिलाफ पांच टेस्ट मैच के सीरीज के बाद पहिला बेर भारतीय टीम फेर टेस्ट मैच खेले उतर

पंत के जगह पs जुरेल करिहें विकेटकीपिंग

वेस्टइंडीज के खिलाफ ध्रुव जुरेल विकेटकीपर के जिम्मेदारी निभइहें। अनुभवी विकेटकीपर ऋषभ पंत चोट से पूरा तरे से ठीक नइखन हो सकल, एह से उनका के टीम में ना चुनल गइल। पंत इंग्लैंड दौरा पs उपकप्तान रहलें। अब उनका अनुपस्थिति में ई जिम्मेदारी रविंद्र जडेजा के मिलल बा। जुरेल पंत के जगह विकेट के पीछे मुख्य विकल्प बनल बाड़न, जबकि बैकअप खातिर एन. जगीदशन के सामिल कइल गइल बा।

बुमराह के ना मिली आराम

एशिया कप में भारतीय तेज गेंदबाजी के अगुआई कs रहल जसप्रीत बुमराह के वेस्टइंडीज सीरीज से आराम नइखे मिलल। इंग्लैंड दौरा पs ऊ पांच में से तीन मैच खेलले रहस। अनुमान रहे कि व्यस्त कार्यक्रम के देखत बुमराह के आराम दिहल जा सकेला, बाकिर चयनकर्ता उनका के टीम में बरकरार रखले बा लोग। अब बुमराह मोहम्मद सिराज आ प्रसिद्ध कृष्णा संगे तेज गेंदबाजी के जिम्मा संभरिहें।

करुण बाहर, सरफराज के ना मिलल जगह

इंग्लैंड दौरा पs आठ बरिस बाद टीम में लवटल करुण नायर के वेस्टइंडीज सीरीज में मौका नइखे दिहल गइल। ओह सीरीज में ऊ ठीकठाक सुरुआत तs कइले रहस बाकिर बड़ पारी ना खेल सकल रहस। चोट लगला से ऊ दलीप ट्रॉफी में ना खेल सकलें। एकरा संगही, घरेलू क्रिकेट में रन बनवला आ फिटनेस पs काम कइला के बादो सरफराज खान के मौका नइखे मिलल।

श्रेयस अय्यर लाल गेना से ब्रेक पs

टीम एलान से पहिले बीसीसीआई साफ कइले रहे कि श्रेयस अय्यर लाल गेना के क्रिकेट से छव महीना के ब्रेक लेले बाड़न। ब्रिटेन में उनकर सर्जरी भइल रहे आ ऊ एकरा से रिकवरी करत बाड़ें। अय्यर चाहत बाड़ें कि ई समय ऊ आपन फिटनेस ठीक करे में लगावस, एही कारण उनका के टीम में ना चुनल गइल।

भारतीय टीम: शुभमन गिल (कप्तान), रवींद्र जड़ेजा (उप-कप्तान), यशस्वी जयसवाल, केएल राहुल, साई सुदर्शन, देवदत्त पडिक्कल, ध्रुव जुरेल, वॉशिंगटन सुंदर, जसप्रीत बुमराह, अक्षर पटेल, नितीश कुमार रेड्डी, मोहम्मद सिराज, प्रसिद्ध कृष्णा, कुलदीप यादव, नारायण जगदीशन।

Read Also: Bihar Election : बीजेपी धर्मेंद्र प्रधान के बनवलस बिहार चुनाव प्रभारी, यूपी के डिप्टी सीएम केशव मौर्य के मिलल ई अहम जिम्मेदारी

 

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.