Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

India vs Sri Lanka : श्रीलंका में ‘सिक्सर किंग’ रिंकू सिंह धमाल मचावे के तइयार; माता-पिता से फाेन कऽ के कहले- कुछ नीमन होई

260
Google Ads 300*250 for posts

India vs Sri Lanka :भारतीय टीम जुलाई के आखिरी हफ्ता में श्रीलंका के साथे सीरीज खेली। रिंकू सिंह के टी-20 टीम में चुनल गइल बा। रिंकू सिंह परिवार में माई- बाबू से से बात कऽ के कहले बाड़े कि कुछ नीमन होई। भारतीय टीम 3 गो टी-20 इंटरनेशनल आ तीन गो वन डे मैच के खेले खातिर श्रीलंका चहुँप गइल बिया।

श्रीलंका से शुरू होखे वाला एह सीरीज में आईपीएल स्टार आ सिक्सर किंग रिंकू सिंह अपना बल्लेबाजी से हलचल मचावे खातिर तइयार बाड़न। उनका के भारतीय टी-20 टीम में चुनल गइल बा। चार मैच के ई सीरीज 27 से 30 जुलाई ले चली। उनका परिवार, कोच आ प्रशंसकन के उमेद बा कि उऽ श्रीलंको में बढ़िया प्रदर्शन करीहें। हालांकि रिंकू सिंह के वन डे टीम में जगह ना मिलला से सभे निराश बा।

रिंकू सिंह कुछ समय से खतरनाक बल्लेबाज बन गइल बाड़न। आईपीएल आ अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट में अपना तूफानी बल्लेबाजी से उऽ पूरा दुनिया के प्रभावित कर दिहले बाड़न। भारत खातिर अबहीं ले उऽ 20 गो टी-20 मैच खेल चुकल बाड़न आ 83.2 के प्रभावशाली औसत से 416 रन बनवले बाड़न आ स्ट्राइक रेट 176.27. साथही 33 चौका आ 26 छक्को मरले बाड़न।

परिवार से बात भइल तऽ कहलें कि हम निमन करब

श्रीलंका जाए से पहिले रिंकू अपना पिता खान चंद आ माई बिना देवी से मोबाइल पs बात कइले रहलें। उनकर कहनाम बा कि रिंकू श्रीलंका में बढ़िया खेले खातिर तइयार बाड़े। कहले कि कुछ नीमन हो जाई। श्रीलंका में होखे वाला वनडे सीरीज में मौका ना मिलला के बावजूद उऽ निराश ना भइले।

रिंकू उम्मीद पs खरा उतरल बाड़न : कोच

क्रिकेट के सिखावे वाला रिंकू सिंह के कोच मसूद अमीनी के कहना बा कि उनकर फॉर्म बढ़िया बा। भारत के अपना टीम में अधिका से अधिका मैच फिनिशर के जरूरत बा जवना के रिंकू सिंह पूरा करिहें ।उम्मीद बा कि उऽ श्रीलंका में बढ़िया खेलीहें आ भविष्य के राह आसान कऽ दीहें।

26 तारीख से तीन गो टी-20 मैच शुरू होखी

टी-20 सीरीज के पहिले मैच 26 जुलाई के, दूसरा मैच 27 जुलाई के आ आखिरी मैच 29 जुलाई के खेलल जाई। सगरी मैच पल्लेकेले अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम में होखी। एकरा बाद एक दिन के सीरीज 1 अगस्त से शुरू होई। पहिला वन डे मैच 1 अगस्त के, दूसरा 4 अगस्त के आ आखिरी 7 अगस्त के खेलल जाई। एकदिना सीरीज के सगरी मैच कोलंबो के आर प्रेमदासा स्टेडियम में खेलल जाई।

905620cookie-checkIndia vs Sri Lanka : श्रीलंका में ‘सिक्सर किंग’ रिंकू सिंह धमाल मचावे के तइयार; माता-पिता से फाेन कऽ के कहले- कुछ नीमन होई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.