[the_ad_group id="30365"]

शाहरुख खान के नाम पर सोना के सिक्का ! पेरिस के ग्रेविन म्यूजियम में ई सम्मान पावे वाला एकमात्र बॉलीवुड अभिनेता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शाहरुख खान बॉलीवुड में राज करेले। ऊ प्रशंसक के दिल पs राज करेले। देश में ही ना, दुनिया के कोना-कोना में उनका प्रशंसक के कतार लागल बा। पेरिस के ग्रेविन म्यूजियम में उनका के सम्मान मिलल बा जवन अबले कवनो दोसरा अभिनेता के ना मिलल।

बॉलीवुड किंग खान के नाम से जानल जाला। देश में ही ना, पूरा दुनिया में लाखों प्रशंसक बाड़े। नाम, पइसा, प्रसिद्धि, हैसियत आ भारत सरकार के सर्वोच्च नागरिक सम्मान पद्मश्री से सम्मानित। अब उनका नाम पs एगो अउरी उपलब्धि दर्ज भइल बा आ अइसन करेवाला ऊ एकमात्र बॉलीवुड अभिनेता बाड़े। फ्रांस के राजधानी पेरिस के मशहूर ग्रेविन म्यूजियम में एसआरके के नाम से सोना के सिक्का बा, जवना पs उनकर तस्वीर आ नाम भी छपल बा। ई सिक्का साल 2018 में जारी भइल रहे, बाकी हाल में एगो प्रशंसक ए सिक्का के फोटो शेयर कइले, जवन कि इंटरनेट पs वायरल हो गइल। अब किंग खान के प्रशंसक गर्व से भरल बाड़े।

शाहरुख खान के बहुत प्रशंसक के लागता कि पेरिस के ग्रेविन म्यूजियम में उनका नाम पs सोना के सिक्का जारी भइल बा, जहां एसआरके के मोम के मूर्ति भी बा, बाकी इ बात सही नइखे। शाहरुख के ई सम्मान साल 2018 में ई दिहल गइल रहे। अभिनेता के प्रशंसक भी ट्विटर पs ए सिक्का के फोटो शेयर कइले रहले।

चर्चा फेर से हो रहल बा

हाल ही में जब वायरल भयानी सोना के सिक्का के एगो पोस्ट इंस्टाग्राम पर शेयर कइले तs प्रशंसकन के बीच चर्चा होखे लागल। एगो यूजर टिप्पणी कइले कि, ‘देश खातीर गर्व के पल।’ केहू उनका के दुनिया के सबसे बड़ सुपरस्टार कहत रहे तs केहू इहो कहत बा कि केहू पइसा देके उनका नाम पर सोना के सिक्का बनवा सकेला। एह संग्रहालय में शाहरुख खान के मोम के मूर्ति भी लगावल गइल बा।

शाहरुख खान के अगिला फिलिम ‘किंग’.

वर्क फ्रंट के बात कईल जाए तs शाहरुख के अगिला फिल्म किंग ‘ बा। बतावल जात बा कि एह फिलिम में ऊ बेटी सुहाना खान के साथे लउकीहें ।हालांकि अभी तक मेकर्स के ओर से कवनो आधिकारिक घोषणा नइखे भइल।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]