भारत आ दक्षिण अफ्रीका के T20 सीरिज: दिल्ली टी20 खातिर तैयारी में जुटल टीम इंडिया, 9 जून के बा मुकाबला

Share

भारतीय क्रिकेट टीम दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ 5 मैच के टी-20 सीरीज में खेले वाला बिया। अपना घरे होखे वाला एह सीरीज खातिर केएल राहुल के टीम के कमान दिहल गइल बा. पहिला मैच दिल्ली के अरुण जेटली स्टेडियम में होखे वाला बा जवना खातिर दुनु टीम चहुँप गइल बिया. भारतीय टीम 5 जून के इहाँ पहुंचल रहे, जबकि दक्षिण अफ्रीका के टीम सिर्फ 2 जून के पहुंचल रहे।

दक्षिण अफ्रीका का खिलाफ होखे वाला एह सीरीज खातिर भारतीय टीम के खिलाड़ी दिल्ली चहुँप गइल बाड़े. टीम के खिलाड़ियन के सीरीज शुरू होखे से पहिले 6 जून के साँझ होखे वाला अभ्यास सत्र में भाग लेबे के पड़ी. दक्षिण अफ्रीका के टीम पहिलही से एहिजा अभ्यास कर रहल बिया. सोमार का दिने मेहमान टीम का साथे भारतो के अभ्यास करे के पड़ी. एह सीरीज खातिर सीनियर खिलाड़ियन के आराम दिहल गइल बा. हो सकेला कि उमरन मलिक, आर्षदीप सिंह, आवेश खान, रवि बिश्नोई, हर्षल पटेल के अनुभव कम होखे बाकिर प्रस्तुति बहुते बढ़िया रहल बा.

आईपीएल में रहल बढ़िया प्रदर्शन

उमरान मलिक, अर्शदीप सिंह जइसन युवा तेज गेंदबाज के आईपीएल में बढ़िया प्रदर्शन करे खातिर चयनकर्ता लोग के इनाम मिलल बा. एकरा संगे-संगे चोट से लवटला के बाद टूर्नामेंट में बढ़िया प्रदर्शन करेवाला ऑलराउंडर हार्दिक पांड्या, विकेटकीपर दिनेश कार्तिक अवुरी कुलदीप यादव के भी ए सीरीज खाती टीम में शामिल कईल गईल बा।

भारतीय टी20 टीम 

केएल राहुल (कप्तान), रुतुराज गायकवाड़, ईशान किशन, दीपक हुड्डा, श्रेयस अय्यर, रिषभ पंत (उप-कप्तान, विकेटकीपर), दिनेश कार्तिक (विकेटकीपर), हार्दिक पांड्या, वेंकटेश अय्यर, युजवेंद्र चहल, कुलदीप यादव, अक्षर पटेल, रवि बिश्नोई, भुवनेश्वर कुमार, हर्षल पटेल, अवेश खान, अर्शदीप सिंह, उमरान मलिक।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-