भारत-अमेरिका के बीच दोगुना होके 500 बिलियन डॉलर के होई व्यापार, पीएम मोदी आ ट्रंप तय कइले लक्ष्य

Minee Upadhyay
पीएम मोदी आ ट्रंप

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपना दु दिन के आधिकारिक यात्रा पs अमेरिका गईल बाड़े। बियफ़ें के एs महत्वपूर्ण यात्रा पs पीएम मोदी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप से मुलाकात कईले अवुरी बहुत महत्वपूर्ण मुद्दा पs चर्चा कईले। दुनु देश खातिर ई मुलाकात बहुते सकारात्मक रहल. एह बइठक के दौरान भारत आ अमेरिका के बीच व्यापार आ रक्षा के साथे आप्रवासी के मुद्दा पs भी चर्चा भइल। प्रेस कांफ्रेंस के संबोधित करत पीएम मोदी कहले कि, भारत के जनता विकसित भारत 2047 के ओर बढ़ता।

भारत-अमेरिका के व्यापार दुगुना हो जाई


दुनु देशन के बीच एह ऐतिहासिक मुलाकात के केंद्र में आर्थिक सहयोग बनल रहल. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप एह महत्वाकांक्षी लक्ष्य पs सहमत भइले कि साल 2030 ले भारत-अमेरिका के द्विपक्षीय व्यापार दुगुना क के 500 अरब डॉलर कs दिहल जाव. बता दीं कि फिलहाल अमेरिका भारत के सबसे बड़ व्यापारिक भागीदार बा, जवना के व्यापार 2024 में 129.2 अरब डॉलर के बा।

अमेरिका के लक्ष्य भारत के टॉप सप्लायर बने के बा

दुनो देश के बीच एs साझेदारी के महत्व के बारे में बात करत ट्रंप कहले कि, हमनी के ऊर्जा पs एगो महत्वपूर्ण समझौता पs पहुंच गईल बानी, जवना से अमेरिका के भारत के तेल अवुरी गैस के प्रमुख आपूर्तिकर्ता के रूप में बहाल कईल जाई।

अमेरिका भारत के एफ 35 लड़ाकू विमान दिही


एगो अउरी बड़ घोषणा में डोनाल्ड ट्रंप कहले कि अमेरिका भारत के आपन सैन्य बिक्री अरबों डॉलर के बढ़ोतरी करी अवुरी भारत के एफ 35 लड़ाकू विमान उपलब्ध करावेला। ट्रंप कहले कि, “भारत आपन कानून में सुधार करत बा ताकि अमेरिकी परमाणु तकनीक के भारतीय बाजार में उच्चतम स्तर पs स्वागत कईल जा सके। एकरा से लाखों भारतीय के सुरक्षित, साफ अवुरी सस्ता बिजली मिल जाई।”

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।