Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Sukhoi-30 MKI: ऑस्ट्रेलिया में जौहर दिखाई भारत के लड़ाकू विमान, हवाई युद्धाभ्यास में 20 देस लिही हिस्सा

161
Google Ads 300*250 for posts

ऑस्ट्रेलिया में एह महीना के अंत में होखे वाला द्विवार्षिक बहुराष्ट्रीय हवाई युद्ध अभ्यास में भारत ‘एक्सरसाइज पिच ब्लैक 24’ के हिस्सा होई। जवना में भारतीय वायुसेना के सुखोई-30 एमकेआई लड़ाकू विमान आपन जौहर दिखाई। ई युद्ध अभ्यास 12 जुलाई से दु अगस्त तक ऑस्ट्रेलिया के डार्विन आ टिंडल एयरबेस पs सुरू होई, जेमे 20 देस भाग लिही।

रॉयल ऑस्ट्रेलियन एयर फोर्स (आरएएएफ) के वेबसाइट के अनुसार, एक्सरसाइज पिच ब्लैक 24 अभ्यास के 43 साल के इतिहास में अबकी बार ई सबसे बड़ होई। एमे 20 गो देस भाग लिही। ओहिजा, दुनियाभर से 140 से जादे विमान सामिल होखे के संगही करीब 4,435 कर्मी भाग लिही लो।

भारतीय वायु सेना मंगर के एक्स पs एगो पोस्ट साझा कइलस, जेमे लिखलस कि सुखोई-30 एमकेआई मेगा एयर कॉम्बैट एक्सरसाइज डाउन अंडर के हिस्सा होई। आईएएफ दल एक्सरसाइज पिच ब्लैक 2024 के बहुराष्ट्रीय मंच पs काम करे खातिर उत्सुक बा, जवन दुनिया भर के 20 देसन के भागीदारी के संगे सबसे बड़ होई। ओहिजा, वापसी पs भारतीय वायुसेना पांच से नौ अगस्त 2024 तक कुआंतन, मलेशिया में आरएमएएफ के संगे एक्स उदार शक्ति 24 में भाग ली। आईएएफ अपना कुछ विमानन के दृश्य के साझा कइलस।

आरएएएफ के वेबसाइट के मोताबिक, एक्सरसाइज पिच ब्लैक अंतरराष्ट्रीय जुड़ाव के मजबूत करे आ बिदेसी भागीदारन के संगे काम करे के हमनी के क्षमता के बढ़ावे खातिर रॉयल ऑस्ट्रेलियन एयर फोर्स (आरएएएफ) के सबसे महत्वपूर्ण उड़ान गतिविधि बा। एकरा के पहिला बेर जून 1981 में न्यू साउथ वेल्स में आरएएएफ बेस विलियमटाउन से तीन दिवसीय वायु रक्षा अभ्यास के रूप में आयोजित कइल गइल रहे। एकरा के जुलाई 1982 में आरएएएफ बेस विलियमटाउन से फेर से आयोजित कइल गइल रहे।

889650cookie-checkSukhoi-30 MKI: ऑस्ट्रेलिया में जौहर दिखाई भारत के लड़ाकू विमान, हवाई युद्धाभ्यास में 20 देस लिही हिस्सा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.