Nepal Voilence : नेपाल में भारतीय सीमा से सकल इलाकन में फेर भइल हिंसा, हाई अलर्ट के बाद बॉर्डर सील

Share

नई दिल्ली। पड़ोसी देश नेपाल एक बेर फेर हिंसा के चपेट में आ गइल बा। भारत-नेपाल सीमा से सटल नेपाल के पारसा आ धनुषा जिला में तनाव बढ़ गइल बा आ कइयन जगह हिंसक घटना सामने आइल बा। हालात बिगड़त देख प्रशासन पूरा इलाका में हाई अलर्ट जारी कs देले बा। एही बीच सुरक्षा कारण से भारत-नेपाल सीमा के सील कs दिहल गइल बा।

जानकारी के मोताबिक, धनुषा जिला में एगो मस्जिद में तोड़-फोड़ के घटना के बाद हालात बेकाबू हो गइल। एह घटना से जुड़ल वीडियो सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल हो गइल, जवन देखते देखत सांप्रदायिक तनाव में बदल गइल। वीडियो सामने अइला के बाद अलग-अलग समुदायन के बीच नाराजगी बढ़ गइल आ प्रदर्शन सुरू हो गइल।

बिहार से सटल पारसा जिला के बीरगंज इलाका में हालात सबसे जादे तनावपूर्ण बनल बा। बीरगंज में हिंसक प्रदर्शन पs काबू पावे खातिर नेपाल पुलिस आंसू गैस के गोला दागे ला मजबूर भइल। पारसा जिला के सीमा भारत के बिहार राज्य के रक्सौल जिला से सटल बा। एह इलाका में कवनो तरे के अप्रिय घटना ना होखे, एह खातिर भारत आ नेपाल दुनो ओर से सीमा पs आवाजाही पs रोक लगा दिहल गइल बा।

नेपाल पुलिस बतवले बिया कि धनुषा के सखुवा मारान इलाका में कुछ लोग मिल के मस्जिद में तोड़-फोड़ कइल। एह घटना के वीडियो वायरल भइला के बाद सोशल मीडिया पs भड़काऊ पोस्ट आ नफरत फइलावे वाला बयान सामने आवे लागल। सोशल मीडिया के असर से प्रभावित होके मुस्लिम समुदाय के कुछ नवहा सड़कन पs उतर अइलें आ प्रदर्शन करे लगलें।

प्रदर्शन के दौरान धनुषा में कइयन जगह टायर जराके सड़क जाम कइल गइल। जब पुलिस हालात संभारे के कोसिस कइलस तs प्रदर्शनकारी पुलिस पs पथराव करे लगलें सs। हालात आउर बिगड़त देख पुलिस आंसू गैस के गोला छोड़ के भीड़ के तितर-बितर कइलस। पुलिस के कहनाम बा कि फिलहाल हालात काबू में ले आवल जा रहल बा, बाकिर एहतियात के तौर पs सुरक्षा कड़ा कs दिहल गइल बा।

नेपाल प्रशासन आ सुरक्षा एजेंसी हालात पs लगातार नजर रखले बाड़ी सs। आम लोगन से शांति बनाके रखे आ अफवाह से बचे के अपील कइल गइल बा। भारत-नेपाल सीमा पs सुरक्षा बल अलर्ट मोड में बा आ इस्थिति सामान्य होखे तक सीमा सील रहे के संभावना जतावल जा रहल बा।

Read Also: Bihar Education News : बिहार के 5.87 लाख शिक्षकन खातिर अब प्रोजेक्ट आधारित ट्रेनिंग भइल अनिवार्य

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-