PM Modi Malaysia Visit : ‘आतंकवाद के खिलाफ लड़ाई में मित्र देसन के साथ जरूरी’, मलेशिया में द्विपक्षीय वार्ता में बोललें पीएम मोदी

Prime Minister Narendra Modi addressing the NDA parliamentary party meeting in New Delhi.

Share

नई दिल्ली। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मलेशिया के प्रधानमंत्री अनवर इब्राहिम से द्विपक्षीय बातचीत के दौरान कहलें कि भारत आ मलेशिया आपन रिश्तन के आउर ऊंचाई पs ले जाये के चाहत बा। ऊ कहलें कि आज के वैश्विक अस्थिर माहौल में दुनो देसन के बीच आपसी सहजोग आउर मजबूत होखल बहुते जरूरी बा।

पीएम मोदी कहलें कि मलेशिया में भारतीय प्रवासी समुदाय से मुलाकात करे के मवका मिलल, जवन उनका खातिर बहुते खास अनुभव रहल। ऊ कहलें कि प्रवासी भारतीयन में मलेशियाई नेतृत्व खातिर सम्मान आ अपनापन साफ नजर आवेला, जवन भारत खातिर गरब के बात बा।

प्रधानमंत्री मोदी साफ शब्दन में कहलें कि आतंकवाद के खिलाफ लड़ाई में संघतिया देसन के संगे बहुते जरूरी बा। भारत आ मलेशिया दुनो के माने के बा कि दुनो देसन के समृद्धि एक-दूसरा से जुड़ल बा। ऊ कहलें कि भारत आ मलेशिया समुद्री पड़ोसी देस हs आ एह वैश्विक अस्थिर दौर में रिश्तन के पूरा क्षमता के इस्तेमाल करे के जरूरत बा।

बेयपार, तकनीक आ सुरक्षा में सहजोग बढ़त

पीएम मोदी बतवलें कि आज भारत आ मलेशिया के बीच कृषि, मैन्युफैक्चरिंग, स्वच्छ ऊर्जा आ सेमीकंडक्टर जइसन क्षेत्रन में सहजोग तेजी से बढ़ रहल बा। कौशल विकास आ क्षमता निर्माण में दुनो देस मजबूत साझेदार बन रहल बा। रक्षा आ सुरक्षा सहजोग लगातार गहिराह होत जा रहल बा।

प्रधानमंत्री मोदी मलेशिया के ASEAN के अध्यक्षता खातिर बधाई देत कहलें कि मलेशिया के सहजोग से भारत-ASEAN संबंध आउर मजबूत होई।

पुरान दोस्ती के मजबूत आधार

पीएम मोदी कहलें कि भारत-मलेशिया रिश्तन के असली ताकत लोगन के बीच के संबंध हs। करीब 30 लाख मलेशियाई नागरिक भारतीय मूल के बा लोग, जवन दुनो देसन के बीच मजबूत सेतु के काम कs रहल बा लोग।

ऊ बतवलें कि ई मलेशिया के उनकर तीसरका यात्रा हs आ अनवर इब्राहिम से चउथा मुलाकात, जवन रिश्तन के मजबूती के संकेत बा। पीएम मोदी गर्मजोशी भरल स्वागत खातिर मलेशियाई प्रधानमंत्री आ सरकार के धन्यवाद देलें।

ओहिजा, मलेशिया के प्रधानमंत्री अनवर इब्राहिम कहलें कि भारत आ मलेशिया के रिश्ता बहुते मजबूत बा आ आगे हर क्षेत्र में सहजोग बढ़ावे के पूरा उम्मेद बा।

Read Also: IND vs USA : सूरजकुमार यादव के घरेलू मैदान पs गरजल बल्ला, जीत के संगे भारत विश्व कप के अभियान के कइलस आगाज

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-