SAFF Championships: भारत-कुवैत मैच 1-1 से ड्रॉ, छेत्री दगलें 92वां गोल, अनवर के आत्मघाती गोल से ड्रॉ भइल मैच

Share

सैफ चैंपियनशिप फुटबाल में सुनील छेत्री के अगुआई वाली भारतीय टीम मंगर के कुवैत के खिलाफ 1-1 से ड्रॉ खेलल। कप्तान सुनील छेत्री के गोल से टीम इंडिया बढ़त हासिल कइले रहे, बाकिर दूसरका हाफ में भारत के अनवर अली के आत्मघाती गोल से स्कोर 1-1 से बराबर हो गइल। एह मैच के नतीजा के जादे फर्क ना पड़ल, काहेकि दुनो टीम पहिलही सेमीफाइनल खातिर क्वालिफाई कs चुकल बिया। ई मैच बेंगलुरु के कांतिरवा स्टेडियम में खेलल गइल।

टीम इंडिया मैच के सुरुआत सानदार अंदाज में कइले रहे आ लगातार काउंटर अटैक जारी रखलस। फॉरवर्ड आशिक कुरुनियन, छेत्री कुवैत के डिफेंडर्स के डरा के रखल लो। ओहिजा, मिडफील्डर्स महेश शिंह, जैक्सन सिंह, अनिरुद्ध थापा आ ललियानजुआला छांगत गेना के भारत के बॉक्स में जाये से रोकल आ कुवैत के फॉरवर्ड के दबाव में रखल लो। जरूरत पड़ला पs डिफेंडर्स निखिल पुजारी, संदेश झिंगन, अनवर अली आ आकाश मिश्रा सानदार प्रदर्शन कइल लो।

एकर फायदा टीम इंडिया के हाफ-टाइम से कुछ मिनट पहिले मिलल, जब छेत्री गोल कइलें। कप्तान सुनील छेत्री अंतरराष्ट्रीय करियर के 92वां गोल दगले। ऊ 45+2वां मिनट में पेनल्टी कॉर्नर पs मिलल क्रॉस पs गोल दाग टीम इंडिया के बढ़त दिलवले रहस। हाफ-टाइम तक भारतीय टीम कुवैत पs 1-0 के बढ़त बना लेले रहे।

एकरा बाद दूसरको हाफ में टीम इंडिया काउंटर अटैक कइलस। हालांकि, एह दौरान मैच में हाईवोल्टेज ड्रामा  देखे के मिलल। हाफ टाइम के बाद भारतीय कोच इगोर स्टिमैक के रेफरी एक बेर फेर मैदान से बाहर भेज देलें। एकरा बाद कइयन मवकन पs भारत-कुवैत के खिलाड़ी भिड़ गइल लो। 90वां मिनट में दुनो टीमन के खिलाड़ियन के बीच ऑनफील्ड विवाद हो गइल। एकरा बाद रेफरी कुवैत के हमाद अल कलाफ आ भारत के रहीम अली के रेड कार्ड देखवलें।

आठ मिनट के इंजरी टाइम मिलल, जेमे दुनो टीम।10-10 खिलाड़ियन से खेलत रहली सs। एही बीच कुवैत के काउंटर अटैक पs बॉल के क्लीयर करे के चक्कर में भारत के अनवर अली अपने गोल पोस्ट में गेना के पहुंचा देलें। एसे कुवैत बराबरी कs लेलस। मैच खतम होखे तक इहे स्कोर रहल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-