[the_ad_group id="30365"]

IND vs LEB Football: भारत सैफ चैंपियनशिप के फाइनल में पहुंचल, पेनल्टी शूटआउट में लेबनान के 4-2 से हरवलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

India vs Lebanon Semi Final Live Score, SAFF Championship 2023: टीम इंडिया एह टूर्नामेंट में अब तक एको मैच नइखे हारल बा। ऊ पाकिस्तान आए नेपाल के शिकस्त देले रहे। ओहिजा, कुवैत के खिलाफ ओकर अंतिम ग्रुप मैच 1-1 के बराबरी पs समाप्त भइल रहे। एकरा बाद ऊ सेमीफाइनल मे लेबनान पेनाल्टी शूट आउट के हरा देलस।

सैफ चैंपियनशिप के सेमीफाइनल में भारतीय फुटबॉल टीम के सामना लेबनान से भइल। निर्धारित 90 मिनट तक दुनो टीम एको गोल ना कs सकल। एकरा बाद 30 मिनट एक्स्ट्रा टाइम के तौर पs दुनो टीमन के आउर मिलल, बाकिर एको गोल ना आइल। अइसन में मैच पेनल्टी शूटआउट में पहुंच गइल। जहां भारत के टीम सानदार प्रदर्शन करत जीत हासिल कइलस।

भारत मैच के पहिला हाफ में पकड़ बना के रखलस। ऊ 63 प्रतिशत पजेशन अपना लगे रखलस। टीम इंडिया गोल खातिर पांच प्रयास कइलस, एमे से एगो टारगेट पs रहल। ओहिजा, लेबनान सात प्रयास कइलस। ओकर दु गो शॉट टारगेट पs रहल। दूसरका हाफ में टीम अच्छा प्रदर्शन कइलस। बाकिर गोल ना आइल।

टीम इंडिया एह टूर्नामेंट में अब तक एको मैच नइखे हारल।  पाकिस्तान आ नेपाल के शिकस्त देले रहे। ओहिजा, कुवैत के खिलाफ ओकर अंतिम ग्रुप मैच 1-1 के बराबरी पs समाप्त भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]