नई दिल्ली। 31 जनवरी के वर्ल्ड ऑफ स्टेटिक्स सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs एगो पोस्ट शेयर कइल गइल।
एह पोस्ट में इंटरनेशनल मॉनेटरी फंड (IMF) के क्रेडिट देत जारी कइल गइल एगो रिपोर्ट रहे, जवना में बतावल गइल बा कि ग्लोबल इकोनॉमिक ग्रोथ (GDP Growth) में भारत, अमेरिका से आगे निकल गइल बा।
टेस्ला के मालिक एलन मस्क वर्ल्ड ऑफ स्टेटिक्स के पोस्ट के री-शेयर कइलें आ लिखलें, ‘सत्ता के संतुलन बदल रहल बा।’
अमेरिका से आगे निकलल भारत
IMF के रिपोर्ट में 2026 में ग्लोबल इकोनॉमिक ग्रोथ में जोगदान के ममिला में भारत के अमेरिका से आगे बतावल गइल बा। दुनिया भर में होखे वाला अनुमानित विस्तार में भारत के हिस्सा 17% बा, जबकि अमेरिका 9.9% पs बा।
आईएमएफ के ओर से जारी कइल गइल रिपोर्ट में चीन सबसे आगे बा। 2026 में चीन के जीडीपी ग्रोथ 26.6% बतावल गइल बा, जवना के मतलब बा कि ई दूनो एशियाई अर्थबेवस्था मिल के अब ग्लोबल GDP ग्रोथ के 43.6% हिस्सा बा।
एलन मस्क भारत के तरक्की पs करीब से नजर रख रहल बाड़ें। पिछिला कुछ महीना में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से दू बेर मिल चुकल बाड़ें आ भारत में अपना कंपनी के खातिर बेहतर जगह के तलाश करत बाड़ें।
निर्मला सीतारमण दोहरवली मस्क के बात
बजट 2026 पs यूथ डायलॉग में वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण एलन मस्क के पोस्ट के लेके आपन बात रखली। वित्त मंत्री कहली, ‘एलन मस्क IMF के डाटा के हवाला देत कहली ‘वाह, का ई सांच बा?’
निर्मला सीतारमण आगे कहली, ‘ग्लोबल GDP ग्रोथ में चीन के जोगदान 26% बा। भारत के जोगदान 17% बा। कुल मिला के, ग्लोबल GDP ग्रोथ के 43% ई दुनाे इकोनॉमी से आवेला।
खत्म होई भारत आ चीन के बीच के गैप
वित्त मंत्री आगे कहली, ‘बाकिर भारत के विपक्ष के इहो समझे के चाहीं कि ई ओह तरे के ताकत हs जवन भारत अब हासिल कइले बा। चीन के बाद दूसरका नंबर पs, गैप बड़ हो सकेला, 26 आ 17, बाकिर हमनी के एकरा के पाट देम सs।’
निर्मला सीतारमण आगे कहलीं, ‘बाकिर हमनी के ई आत्मविश्वास होखे के चाहीं कि, एगो बड़ इकोनॉमी के संगे, जवन बिल्कुल हमनी के पड़ोस में बा, हमनी के ग्लोबल GDP ग्रोथ में 43% के योगदान करत बानी सs।
Read Also: 02 फरवरी 2026 के राशिफल








