दिल्ली। इंडिया गेट पs वायु गुणवत्ता में गिरावट के खिलाफ भइल विरोध-प्रदर्शन में अचानक मारल गइल नक्सली कमांडर ‘हिडमा अमर रहे’ के नारा गूंज उठल। इंडिया गेट पs जुटल जवान प्रदर्शनकारी अपना संगे हिडमा के नाम लिखल पोस्टर आ तख्ती लेके पहुंचल रहलें। प्रदर्शनकारी बेवस्था से नाराज बा लोग आ बदलाव के आवाज उठा रहल बा।
बाकिर आरोप बा कि प्रदर्शनकारी पुलिस टीम पs पेपर स्प्रे मार देलें, जवना से तीन से चार पुलिसकर्मी घायल हो गइलें। सब केहू के इलाज राम मनोहर लोहिया अस्पताल में चल रहल बा। पुलिस के वरिष्ठ अधिकारी कहलें कि पुलिसकर्मियन पs हमला करे वालन के खिलाफ कानूनी कार्रवाई जरूर होई। पुलिस 15 प्रदर्शनकारियन के हिरासत में ले लेलस।
एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी के मोताबिक मंगर के दिन करीब 4:30 बजे कुछ प्रदर्शनकारी इंडिया गेट के सी-हेक्सागन इलाका में जमा भइल लाेग। ऊ वायु गुणवत्ता में लगातार गिरावट के खिलाफ विरोध दर्ज करावत रहे लाेग। कुछ देर बाद प्रदर्शनकारी नक्सली हिडमा के समर्थन में नारा लगावे लगलें। ओने तैनात पुलिस टीम ओह लोगन के जगह छोड़े खातिर कहलस, बाकिर प्रदर्शनकारी बात ना मानल लोग आ नारेबाजी जारी रखल।
एकर बाद पुलिस जब प्रदर्शनकारी के हटावे लागल तs आरोप बा कि प्रदर्शनकारी पुलिस टीम पs पेपर स्प्रे कs देलें सs। एकरा से अफरातफरी मच गइल आ पुलिस आउर प्रदर्शनकारियन में हल्का झड़प हो गइल। पुलिस अधिकारी बतवलें कि पेपर स्प्रे से तीन-चार पुलिसकर्मी घायल हो गइलें। पुलिसकर्मी आंख में जलन के शिकायत कइल लोग। ओह लोगन के तुरंत आरएमएल अस्पताल ले जाइल गइल, जहां इलाज चल रहल बा।
प्रदर्शन के चलते ट्रैफिक में बड़ दिक्कत आ गइल। पुलिस अधिकारी कहलें कि 15 प्रदर्शनकारियन के हिरासत में लेके पूछताछ चल रहल बा। प्रदर्शन के दौरान हिंसक बर्ताव आ पुलिस बल पs हमला करे के आरोप में सख्त धारा में केस दर्ज होई। पुलिस लोगन से अपील कइले बिया कि आपन शिकायत शांतिपूर्वक आ कानूनी तरीका से बताईं, ताकि सार्वजनिक जगह के सुरक्षा आ बेवस्था ना बिगड़े। घटना के बाद इंडिया गेट के सुरक्षा कड़ा कs दिहल गइल बा।








