53rd CJI : जस्टिस सूर्यकांत बनलें 53वां CJI, राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मु दिलवली शपथ; 15 महीना रही कार्यकाल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 24, 2025

नई दिल्ली। जस्टिस सूर्यकांत आज भारत के 53वां मुख्य न्यायाधीश (CJI) बन गइलें आ शपथ ले लेलें। CJI के रूप में उनकर कार्यकाल 15 महीना के रही। ऊ CJI भूषण आर गवई के जगह ले

Share

Justice Suryakant taking oath as the 53rd Chief Justice of India in the presence of President Droupadi Murmu

नई दिल्ली। जस्टिस सूर्यकांत आज भारत के 53वां मुख्य न्यायाधीश (CJI) बन गइलें आ शपथ ले लेलें। CJI के रूप में उनकर कार्यकाल 15 महीना के रही। ऊ CJI भूषण आर गवई के जगह ले रहल बाड़ें। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मु जस्टिस सूर्यकांत के CJI के रूप में शपथ दिलवली।

CJI भूषण आर गवई संविधान के अनुच्छेद 124 के धारा 2 के तहत अगिला CJI खातिर जस्टिस सूर्यकांत के नाम सुझवले रहलें। राष्ट्रपति ओकरा पs आपन मंजूरी दे देली आ जस्टिस सूर्यकांत के देस के 53वां CJI नियुक्त कs दिहल गइल।

 

राष्ट्रपति भवन में होखे वाला शपथ ग्रहण समारोह में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला, गृह मंत्री अमित शाह, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आ वाणिज्य मंत्री पीयूष गोयल मौजूद रहलें। जस्टिस सूर्यकांत के 30 अक्टूबर 2025 के CJI पद पs नियुक्ति भइल रहे आ अब ऊ 9 फरवरी 2027 तक एह पद पर बनल रहिहें।

असल में, CJI बी आर गवई 65 साल के हो गइल बाड़ें आ एह उमिर पs ऊ रिटायर हो जइहें। एह कारण से अब ऊ पद छोड़ रहल बाड़ें। परंपरा के निभावत, सुप्रीम कोर्ट के सबसे वरिष्ठ जज के अगिला CJI बनावल जाला आ एह हिसाब से जस्टिस सूर्यकांत के उनकर उत्तराधिकारी चुनल गइल बा।

Read Also: Pakistan Attack : ‘डबल अटैक’ से दहलल पाकिस्तान! धमाका में तीन लोगन के मौत, गोलीबारी जारी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.