IND vs WI 3rd T20: भारत वेस्टइंडीज के सात विकेट से हरवलस, सूर्यकुमार यादव के तूफानी अर्धशतक

Share

भारत वेस्टइंडीज के सात विकेट से हराके सीरीज में पहिला जीत हासिल कs लेले बा। वेस्टइंडीज पहिले बल्लेबाजी करत पांच विकेट पs 159 रन बनवले रहे। एकरा जवाब में भारत 17.5 ओवर में तीन विकेट पs 164 रन बनाके मैच अपना नावे कs लेलस। वेस्टइंडीज खातिर ब्रेंडन किंग 42 आ रोवमन पॉवेल  40 रन बनावल लो। ओहिजा, गेना के संगे अल्जारी जोशेफ दु विकेट लेलें। ओहिजा, भारत खातिर पहिले कुलदीप यादव तीन विकेट लेलें फेर सूर्यकुमार यादव 83 आ तिलक वर्मा नाबाद 49 रन बनाके टीम के जीत दिलावल लो।

एह जीत के संगही भारत वापसी कइले बा आ पांच मैच के सीरीज में टीम इंडिया अभियो बनल बिया। वेस्टइंडीज दु आ भारत एगो मैच जीतले बिया। ई सीरीज जीते खातिर भारत के बाकी दुनो मैच जीते के होई। वहीं, वेस्टइंडीज के टीम एगो आउर मैच जीततही सीरीज अपना नावे कs ली।

सीरीज के बाकी दुनो मैच सनीचर आ अतवार के खेलल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-