[the_ad_group id="30365"]

कब्बड़ी: मौनागड़वा टीकमपार के हरा के फाइनल में पहुंचल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज/अखिलेश कुमार सिंह: बरहज क्षेत्र के ग्राम पंचायत गहिला में लांस नायक शहीद उमेश यादव के इयाद में हर साल के तरे एहु साल रात्रिकालीन जिला स्तरीय कबड्डी प्रतियोगिता के आयोजन कइल जा रहल बा। एकरा में विशिष्ठ अतिथि आदर्श कल्याण सेवा समिति के उपाध्यक्ष राकेश यादव आ मुख्य अतिथि शशांक यादव ऊर्फ लालबाबू रहल लो। शशांक यादव ने फीता काटके मैच के सुरूआत कइले।

राष्ट्रगान के संगे मैच शुरू भइल, जवन टीकमपार आ मौनागड़वा के बीच खेलल गइल। एमे मौनागड़वा टॉस जीतके कोट हासिल कइलस। मौनागड़वा हाफ टाइम तक 30–18 के बढ़त बना लेलस। जवना के कायम रखत मौनागड़वा के टीम 56—35 के अंतर से टीकमपार के पराजित कs के फाइनल में पहुंच गइल। मैन ऑफ दी मैच मुजफ्फर शेख रहलें।

एह मैच में रेफरी नेशनल खिलाड़ी चंद्रभान यादव आ गोविन्द कुमार आउर मैच के कॉमेंटेटर शैलेश कुमार आ सुनील यादव रहे लो। मैच के आयोजक आशिक यादव रहलें। शशांक यादव कहलें कि ग्रामीण क्षेत्रन के जुवा कबड्डी के नया ऊंचाई तक ले जाये में सक्षम बा लो। एह तरे के प्रतियोगिता से ग्रामीण नवहन में नया ऊर्जा के संचार होई। जवना से जिला आ क्षेत्र के नाम रोशन होई।

एह मैच में जयपति यादव, रामवीर यादव, आप नेता छोटेलाल शर्मा, अनिरुद्ध यादव, रामसमूज, रामसकल कुशवाहा, धीरज कुशवाहा, जनार्दन यादव, रामबाबू, आकाशचंद्र कुशवाहा, मुकेश यादव, गोलू, भोलू, देवाजीत यादव, अध्यक्ष संतोष यादव के संगे आदर्श गहिला कल्याण सेवा समीति के सब सदस्य खिलाडियन के उत्साहवर्धन कइल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]