एशियन गेम्स में भारत के पहिला गोल्ड मेडल: 10 मीटर एयर राइफल टीम इवेंट में ऐश्वर्य, दिव्यांश-रूद्रांक्ष के नाम; रोइंग के मेंस में ब्रॉन्ज

Share

19वां एशियन गेम्स के दूसरका दिन 10 मीटर एयर राइफल में पुरुषन के टीम भारत खातिर पहिला गोल्ड दिलवलस। भारतीय शूटर ऐश्वर्य प्रताप सिंह, दिव्यांश सिंह आ रुद्रांक्ष पाटिल 1893.7 स्कोर कs के भारत के पहिला गोल्ड दिलवलस। ओहिजा रोइंग के मेंस पेयर-4 में भारत के ब्रॉन्ज मेडल मिलल। अब भारत के 7 मेडल हो गइल बा।

रोइंग में भारत के भइल 4 मेडल

रोइंग में भारत के अब 4 मेडल हो गइल बा। जेमे दु गो सिल्वर आ एगो ब्रॉन्ज मेडल सामिल बा। सोमार के रोइंग मेंस पेयर-4 में जसविंदर सिंह, भीम सिंह, पुनीत कुमार, आशीष ब्रॉन्ज मेडल जीतल लो।

शूटिंग में एगो गोल्ड सहित 3 मेडल

अब शूटिंग में भारत के एगो गोल्ड सहित 3 मेडल हो गइल बा। पहिला दिन 10 मीटर एयर राइफल विमेंस टीम सिल्वर आ रमिता 10 मीटर एयर राइफल इंडिविजुअल में ब्रॉन्ज मेडल जीतले रहली। सोमार के पुरुष मेंस टीम गोल्ड जीतल।

पहिला दिन भारत के मिलल रहे 3 सिल्वर आ 2 ब्रॉन्ज

एकरा पहिले भारत पहिलका दिन 5 मेडल जीतले रहे। जेमे रोइंग में तीन मेडल आ शूटिंग में दु गो मेडल मिलल रहे। जेमे रोइंग में दु गो सिल्वर आ एगो ब्रॉन्ज मेडल सामिल रहे। रोइंग के लाइट वेट डबल्स स्कल इवेंट में अर्जुन लाल जाट आ अरविंद सिंह के जोड़ी सिल्वर दिलवले रहे। ओहिजा भारतीय पुरुष टीम मेंस-8 इवेंट में दूसरका स्थान हासिल करत सिल्वर जीतलस। ओहिजा मेंस पेयर के फाइनल में बाबूलाल यादव आ लेखराम के जोड़ी तीसरा स्थान पs रहल रहे।

शूटिंग में 10 मीटर एयर राइफल में मेहुली घोष, रमिता आ आशी चौकसी के टीम 1880.0 स्कोर के संगे सिल्वर जीतले रहे। ओहिजा रमिता 10 मीटर एयर राइफल इंडिविजुअल में ब्रॉन्ज मेडल जीतले रहली।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-