Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND W vs PAK W: पाकिस्तान के खिलाफ जीत के संगे भारत कइलस एशिया कप के आगाज, बीसीसीआई सचिव जय शाह देलें बधाई

1,988
Google Ads 300*250 for posts

भारत सुक के पाकिस्तान के खिलाफ जीत के संगे महिला एशिया कप 2024 में आपन अभियान के आगाज कइलें। हरमनप्रीत कौर के अगुवाई में भारतीय टीम पाकिस्तान के सात विकेट से हरा देलें। भारत के एह जीत पs भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के सचिव जय शाह टीम के बधाई देलस।

रणगिरी दांबुला अंतरराष्ट्रीय स्टेडियम में सुक के महिला एशिया कप के दूसरका मुकाबला भारत आ पाकिस्तान के बीच खेलल गइल। एह मैच में पाकिस्तान टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के फैसला कइलस आ 19.2 ओवर में 10 विकेट पs 108 रन बनवलें। जवाब में भारतीय टीम 14.1 ओवर में तीन विकेट पs 103 रन बनवलस आ सात विकेट से ई मुकाबला अपना नावे कs लेलस।

बीसीसीआई सचिव देलें बधाई

 


पाकिस्तान के खिलाफ भारतीय महिला खिलाड़ियन के दमदार प्रदर्शन पs जय शाह खिलाड़ियन के बधाई देलें। बीसीसीआई सचिव लिखलें, “पाकिस्तान के खिलाफ हमनी के लईकियन के सानदार प्रदर्शन! दीप्ति शर्मा
के ट्रिपल-विकेट ओवर गेम-चेंजर रहल। महिला एशिया कप 2024 में सानदार सुरुआत खातिर पूरा टीम के बधाई।”

मैच में का भइल?

भारतीय गेंदबाज एह मुकाबला में घातक प्रदर्शन कइल लो। दीप्ति शर्मा पाकिस्तान के खिलाफ कुल तीन विकेट चटकवलें। ओहिजा, रेणुका सिंह, पूजा वस्त्राकर आ श्रेयंका पाटिल दु-दु विकेट हासिल कइल लो। भारतीय गेंदबाजी आक्रमण के खिलाफ पाकिस्तान के बल्लेबाजी क्रम ताश के पत्तन के तरे बिखर गइल। निदा दार के टीम के कवनो बल्लेबाज जादे देर तक विकेट पs ना टिक सकल। सिदरा अमीन 25, तुबा हसन 22 आ फातिमा सना 22 रन बनवलें। जवाब में भारतीय टीम के सलामी जोड़ी 10वां ओवर तक मैच अपना हक में मोड़ लेलस। शेफाली वर्मा आ स्मृति मंधाना के बीच 85 रन के साझेदारी भइल। एह दौरान उप-कप्तान 45 आ शेफाली 40 रन बनवलीं आ भारत के कप्तान हरमनप्रीत कौर (5*) आ जेमिमा रोड्रिग्स (3*)  जीत दिलावल लो।

901620cookie-checkIND W vs PAK W: पाकिस्तान के खिलाफ जीत के संगे भारत कइलस एशिया कप के आगाज, बीसीसीआई सचिव जय शाह देलें बधाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.