नई दिल्ली। भारत के विकेटकीपर बैटर ऋचा घोष मंगर के इंग्लैंड के खिलाफ दूसरका टी20 इंटरनेशनल मैच में इतिहास रच देली। ब्रिस्टल में खेलल गइल मुकाबला में घोष 20 गेना में 32 रन के तेजतर्रार पारी खेललें आ वर्ल्ड रिकॉर्ड बना देलें।
ऋचा घोष के विस्फोटक पारी के दम पs भारतीय महिला टीम 20 ओवर में 4 विकेट खोके 181 रन बनवलें। ऋचा के अलावा जेमिमा रॉड्रिग्ज (63) आ अमनजोत कौर (63*) सानदार अर्धशतकीय पारी खेललें।
घोष रचली इतिहास
ऋषा घोष अपना पारी के दौरान 6 चौका लगवली। घोष एही के संगे टी20 इंटरनेशनल क्रिकेट में 1000 रन पूरा कइलें। आरसीबी के विकेटकीपर बैटर महिला टी20 इंटरनेशनल में एकमात्र खिलाड़ी हई, जे सबसे जादे स्ट्राइक रेट के संगे 1000 भा जादे रन पूरा कइलें।
महिला टी20 आई में सर्वश्रेष्ठ स्ट्राइक रेट
खिलाड़ी | देश | स्ट्राइक रेट | रन |
ऋचा घोष | भारत | 143.11 | 1029 |
लुसी बार्नेट | आईसल ऑफ मैन | 139.69 | 1172 |
ताहिला मैक्ग्रा | ऑस्ट्रेलिया | 132.94 | 1138 |
क्लोए टायरोन | दक्षिण अफ्रीका | 132.81 | 1283 |
एलिसा हीली | ऑस्ट्रेलिया | 129.79 | 3208 |
ऋचा घोष सबसे कम गेना में 1000 टी20 इंटरनेशनल रन पूरा करे वाली दूसरका महिला बैटर हई। आईसल ऑफ मैन के लुसी बार्नेट के नाम रिकॉर्ड दर्ज है, जिन्होंने ऋचा से दुगो कम गेना में ई कारनामा कइले बाड़ी।
खिलाड़ी | देश | गेंदें |
लुसी बार्नेट | आईसल ऑफ मैन | 700 |
ऋचा घोष | भारत | 702 |
क्लोए टायरोन | दक्षिण अफ्रीका | 720 |
शैफाली वर्मा | भारत | 735 |
ऋचा के टी20 करियर
इयाद दिला दीं कि ऋचा घोष अपना टी20 इंटरनेशनल डेब्यू 2020 में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ कइले रहली। तब उनकर उमिर महज 16 साल रहे। अब तक 21 साल के ऋचा 64 टी20 इंटरनेशनल मैचन में 27.81 के औसत से 1029 रन बनवलें, जेमे दुगो अर्धशतक सामिल बा।
भारत के दूसरका जीत
मैच के बात करीं तs भारत ब्रिस्टल में पहिले बल्लेबाजी कs के निर्धारित 20 ओवर में 181/4 के स्कोर बनवलस। जवाब में इंग्लैंड के टीम 20 ओवर में 7 विकेट खोके 157 रन बना सकल। एह तरे भारत पांच टी20 इंटरनेशनल मैचन के सीरीज में 2-0 के बढ़त बना लेले बा। दुनो टीमन के बीच तीसरा टी20 इंटरनेशनल मैच सुक के द ओवल में खेलल जाई।
Read Also: बाड़मेर : पानी के टंकी में मिलल पति-पत्नी आ दु लईकन के शव, हत्या भा सुसाइड; जांच में जुटल पुलिस