स्पोर्ट्स डेस्क। लखनऊ के इकाना स्टेडियम में घना कोहरा के चलते चउथा टी20 मुकाबला रद हो गइल। अब भारत आ साउथ अफ्रीका के बीच पांच मैच के टी20 इंटरनेशनल सीरीज के आखिरी मुकाबला सुक 19 दिसंबर के खेलल जाई। ई मैच अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में होई।
अभी सीरीज में टीम इंडिया 2-1 से आगे बिया। सूर्यकुमार यादव के कप्तानी वाली भारतीय टीम आखिरी टी20 जीत के सीरीज अपना नामे करे के इरादा से उतरी। ओहिजा, मेहमान साउथ अफ्रीका खातिर ई मुकाबला करो या मरो वाला बा, काहेकि हार भइला पs सीरीज हाथ से निकल जाई। अइसे में आईं जानल जावs कि फैंस कब, कहां आ कइसे IND vs SA 5th T20I फ्री में देख सकी लाेग।
IND vs SA 5th T20I Streaming के पूरा जानकारी
कब खेलल जाई भारत बनाम साउथ अफ्रीका के पांचवां टी20I?
भारत बनाम साउथ अफ्रीका के पांचवां टी20I मैच 19 दिसंबर 2025 के खेलल जाई।
कहां खेलल जाई पांचवां टी20I मैच?
ई मुकाबला अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में खेलल जाई।
केतना बजे से सुरू होई मैच?
मैच सांझ 7 बजे से सुरू होई, जबकि टॉस 6:30 बजे होई।
टीवी पs कहां देखल जा सकी?
फैंस ई मुकाबला स्टार स्पोर्ट्स नेटवर्क पs लाइव देख सकत बा लोग।
मोबाइल पs कइसे देख सकत बानी लाइव मैच?
मोबाइल आ ऑनलाइन प्लेटफॉर्म पs ई मैच जियो हॉटस्टार ऐप आ वेबसाइट पs लाइव स्ट्रीम होई।
सूर्या-गिल से धमाकेदार पारी के उम्मीद
एह सीरीज में कप्तान सूर्यकुमार यादव आ उपकप्तान शुभमन गिल अभी तक खास प्रदर्शन नइखे कs सकल लोग। टीम मैनेजमेंट आखिरी टी20 मुकाबला में दुनो बल्लेबाजन से बड़ आ तेज पारी के उम्मेद रखत बिया। आवे वाला टी20 वर्ल्ड कप के नजर से सूर्या आ गिल के फॉर्म में वापसी बहुते जरूरी बा।
संगही ओपनर अभिषेक शर्मा आ मिडिल ऑर्डर में तिलक वर्मा अहमदाबाद में दमदार पारी खेल के टीम के सीरीज जितावे के इरादा से उतरी लोग।
दुनो टीम
भारत: सूर्यकुमार यादव (कप्तान), शुभमन गिल, अभिषेक शर्मा, तिलक वर्मा, शाहबाज, हार्दिक पांड्या, शिवम दुबे, जितेश शर्मा, वरुण चक्रवर्ती, अर्शदीप सिंह, जसप्रीत बुमराह, संजू सैमसन, हर्षित राणा, कुलदीप यादव, वाशिंगटन सुंदर।
एडेन मार्करम (कप्तान), डिकॉक, हेंड्रिक्स, ब्रेविस, डेविड मिलर, स्टब्स, फरेरा, जेनसेन, लूथो सिपामला, ओटनील बार्टमैन, एनरिक नोर्त्जे, लुंगी नगिदी, कार्बिन बाश, केशव महाराज आ जॉर्ज लिंडे।
Read Also: Thawe Mandir Theft : थावे मंदिर में कड़ा सुरक्षा के बादो माता के मुकुट चोरी, पुलिस जांच में जुटल









