Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs PAK T20: इमर्जिंग एशिया कप टी20 में भारत के जीत से सुरुआत, पाकिस्तान के सात रन से हरवलें, अंशुल बनलें हीरो

34

भारत ए क्रिकेट टीम ने सब विभागन में अच्छा प्रदर्शन करत एसीसी इमर्जिंग एशिया कप टी-20 में चिर-प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान के सात रन से हराके अपना अभियान के सुरुआत कइलें। शीर्ष क्रम के सानदार प्रदर्शन से भारत ए आठ विकेट गंवाके 183 रन बनवलें। तिलक वर्मा 35 गेना पs 44 रन के पारी खेललें।

प्लेयर ऑफ द मैच तेज गेंदबाज अंशुल कांबोज (3/33), रसिख डार सलाम (2/30) आ निशांत सिद्धू (2/15) के आगे पाकिस्तान ए टीम सात विकेट पs 176 रन बना पावल।

एह जीत के बदौलत भारतीय टीम ग्रुप बी में दु अंक आ +0.350 के नेट रन रेट के संगे दूसरका स्थान पs पहुंच गइल बिया। यूएई फिलहाल एह ग्रुप में शीर्ष पs बा। ओकर दु अंक आ+0.378 नेट रन रेट बा। एह ग्रुप के चउथा टीम ओमान बा। भारत के अगिला मैच 21 अक्तूबर के यूएई से आ 23 अक्तूबर के ओमान से बा। ओहिजा, पाकिस्तान के टीम 21 अक्तूबर के ओमान से आ 23 अक्तूबर के यूएई से भिड़ी।

भारत के पारी

भारतीय कप्तान तिलक वर्मा टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के फैसला कइलें। अभिषेक शर्मा आ प्रभसिमरन सिंह पहिला विकेट खातिर 68 रन के साझेदारी निभवलें। अभिषेक 22 गेना में पांच चौका आ दु छक्का के मदद से 35 रन बनाके आउट भइलें। ओहिजा, प्रभसिमरन 19 गेना में तीन चौका आ तीन छक्का के मदद से 36 रन के ताबड़तोड़ पारी खेललें। कप्तान तिलक 35 गेना में दु चौका आ दु छक्का के मदद से 44 रन बनवलें।

नेहल वढेरा 22 गेना में दु चौका आ एक छक्का के मदद से 25 रन बनवलें। रमनदीप सिंह 11 गेना में 17 रन आ निशांत तीन गेना में छव रन बनाके आउट भइलें। अंशुल कंबोज खाता ना खोल सकलें, जबकि राहुल चाहर चार रन आ रसिख छव रन बनाके नाबाद रहलें। पाकिस्तान के ओर से सुफियान मुकीम दु विकेट लेलें। ओहिजा, मोहम्मद इमरान, जमान खान, अराफात मिनहास आ कासिम अकरम के एक-एक विकेट मिलल।

पाकिस्तान के पारी

184 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल पाकिस्तान टीम के छव रन के स्कोर पs पहिला झटका लागल। कप्तान मोहम्मद हारिस छव रन बनाके पवेलियन लवटलें। ओहिजा, ओमैर यूसुफ दु रन बनाके आउट भइलें। एकरा बाद यासिर खान आ कासिम अकरम तीसरका विकेट खातिर 54 रन के साझेदारी निभवलें। एह साझेदारी के निशांत तुड़लें। यासिर 22 गेना में एक चौका आ तीन छक्का के मदद से 33 रन बनाके आउट भइलें।

कासिम 21 गेना में चार चौका के मदद से 27 रन बनाके आउट भइलें। अराफात मिनहास 29 गेना में पांच चौका आ एक छक्का के मदद से 41 रन बनाके आउट भइलें। हैदर अली 15 गेना में नव रन बनाके आउट भइलें।।अब्दुल समद 15 गेना में दु चौका आ दु छक्का के मदद से 25 रन बनाके आउट भइलें। अब्बास अफरीदी नव गेना में 18 रन आ जमान खान एक रन बनाके नाबाद रहलें। भारत के ओर से अंशुल कंबोज तीन विकेट लेलें। ओहिजा, रसिख डार सलाम आ निशांत सिंधू के दु-दु विकेट मिलल।

992390cookie-checkIND vs PAK T20: इमर्जिंग एशिया कप टी20 में भारत के जीत से सुरुआत, पाकिस्तान के सात रन से हरवलें, अंशुल बनलें हीरो

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.