स्पोर्ट्स डेस्क। एशिया कप 2025 के सुपर-4 में आज भारत आ पाकिस्तान आमने-सामने होखे जा रहल बा। बाकिर, खेल से जादे चर्चा प्रेस कॉन्फ्रेंस रद्द होखे आ हैंडशेक विवाद के हो रहल बा। सनिचर के दुबई के ICC अकादमी में पाकिस्तान टीम के ट्रेनिंग सत्र दौरान पीसीबी प्रमुख मोहसिन नकवी मौजूद रहलें। ऊ एशियन क्रिकेट काउंसिल (ACC) के अध्यक्षो हउवें, पाकिस्तान टीम के कोच माइक हेसन से लमहर बातचीत कइले।
प्रेस कॉन्फ्रेंस काहे रद्द भइल?
सनिचर के सांझ पाकिस्तान टीम के ओर से प्रेस कॉन्फ्रेंस होखे के रहे। बाकिर आखिरी मिनट पs एकर रद्द कs दिहल गइल। जब मीडिया एकरा पs नकवी से पूछलस, त ऊ बस ई कहलन कि – “जल्दी बताएम।”
एकरा से अटकलबाजी बढ़ गइल बा कि सायद मैच से पहिले पीसीबी आधिकारिक बयान जारी करी। हालांकि टीम आपन अभ्यास सेशन तीन घंटा ले जारी रखलस। अब ई नया विवाद के सुरुआत बा कि कवनो रणनीति – ई त समये बताई।
लगातार दोसरका दफे प्रेस कॉन्फ्रेंस रद्द
ई लगातार दूसरका मौका बा जब पाकिस्तान टीम मैच से पहिले अनिवार्य प्रेस कॉन्फ्रेंस रद्द कइले बिया। पहिलहूं यूएई खिलाफ मैच से पहिले प्रेस कॉन्फ्रेंस ना भइल रहल। दुनु बेर पीसीबी कवनो साफ कारण नइखे बतवलें।
हैंडशेक विवाद आ असर
एह सब ममिला के जड़ 14 सितंबर के भारत-पाकिस्तान लीग मैच से जुड़ल बा। उहां कप्तान सलमान आगा आ सूर्यकुमार यादव के बीच हैंडशेक ना भइला के बवाल उठल रहे। पाकिस्तान बोर्ड आरोप लगवलस कि मैच रेफरी एंडी पायक्रॉफ्ट खुदे कहले रहस कि सलमान आगा हाथ ना मिलावस। एहसे पाकिस्तान पायक्रॉफ्ट के हटावे के मांग कइलस, बाकिर ICC ऊ मांग ठुकरा दिहलस। अब फेर सुपर-4 मुकाबला में पायक्रॉफ्टे रेफरी बनल बाड़न।
तनाव में होई भारत-पाकिस्तान भिड़ंत
भारत लीग मैच में पाकिस्तान के 7 विकेट से हरवले रहे। पिछला 14 T20I में ई पाकिस्तान के भारत से 11वां हार रहे। एकरा से आज के मैच पाकिस्तानी टीम खातिर टूर्नामेंट में बनल रहला से जादे, आत्मविश्वास वापस पावे खातिर जरूरी बा।
पीसीबी हर तरीका से टीम के मनोबल बढ़ावे में लागल बा। एहसे प्री-मैच विवाद से दूर रखे आ प्रेरणा देबे खातिर ऊ प्रेरक वक्ता तक के टीम में सामिल कइले बा।
Read Also: GST 2.O: देसभर में काल्ह से लागू होई जीएसटी के नया दर, नवरात्र के पहिला दिन घट जाई एह वस्तुअन के दाम