IND vs PAK : भारत एशिया कप में बरकरार रखलस आपन अजेय सफर, आठ दिन में दूसरा बेर पाकिस्तान के हरवलस

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। सूर्यकुमार यादव के कप्तानी में खेल रहल भारतीय टीम एशिया कप 2025 में आपन अजेय सफर बरकरार रखले बिया आ आठ दिन के भीतर दूसरा बेर पाकिस्तान (IND vs PAK) के करारा शिकस्त देलस। सुपर-4 के मुकाबला में भारत पाकिस्तान के 6 विकेट से हरवलस।

भारत टॉस जीत के पहिले गेंदबाजी कइलस। पाकिस्तान साहिबजादा फरहान के अर्धशतक के मदद से 20 ओवर में 5 विकेट पs 171 रन बनवलस। जवाब में भारत खातिर अभिषेक शर्मा आ शुभमन गिल धमाकेदार सुरुआत दिहल लोग आ पहिला विकेट खातिर 105 रन के साझेदारी कइल। आखिरकार, भारत 18.5 ओवर में 4 विकेट पs 174 रन बना के मैच जीत लेलस।

भारत के सामने फेर कमजोर साबित भइल पाकिस्तान

एह जीत से फेर साफ भइल बा कि पाकिस्तान भारत के सामने टिक नइखे पावत। पिछला सात मुकाबला में पाकिस्तान एको बेर जीत नइखे सकल। चाहे ग्रुप स्टेज होखे, सुपर-4, वर्ल्ड कप 2023 भा टी20 वर्ल्ड कप, हर बेर भारत जीत हासिल कइले बा।

गिल-अभिषेक के शतकीय साझेदारी

अभिषेक शर्मा सानदार 74 रन (39 गेना, 6 चौका, 5 छक्का) खेललें। शुभमन गिल 47 रन बनवलें। ई टूर्नामेंट के पहिला 100+ रन के साझेदारी रहल।

तिलक वर्मा के जीत वाला चौका

गिल आ सूर्यकुमार के आउट भइला के बाद तिलक वर्मा आ हार्दिक पांड्या टीम के स्थिर कइल लोग। आखिरकार तिलक 30 रन बना के जीत वाला चौका लगवलें। हार्दिक 7 रन पs नॉटआउट रहलें।

भारत के फील्डिंग कमजोर, बुमराह महंगा साबित भइलें

फील्डिंग में भारत चार-चार कैच छोड़लस, जवना से पाकिस्तान चुनौतीपूर्ण स्कोर खड़ा कs सकल। बुमराह वापसी पs 4 ओवर में 45 रन लुटवलें, बाकिर एको विकेट ना ले पवलें। भारत खातिर शिवम दुबे के 2 विकेट, हार्दिक आ कुलदीप के 1-1 विकेट मिलल।

Read Also: UP News : प्रदेश में जाति आधारित रैलियन पs रही पाबंदी, एफआईआर में ना होई जाति के उल्लेख; निर्देश जारी

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-