IND vs NZ Final: चैंपियंस ट्रॉफी फाइनल खातिर पिच तय, स्पिनर्स होई लो घातक! जानीं पाकिस्तान से का बा कनेक्शन

Anurag Ranjan

भारत आ पाकिस्तान के बीच आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के फाइनल खातिर पिच के चयन कs लिहल गइल बा। दुबई में खिताबी मुकाबला में अब बस कुछे घंटा के वक्त बचल बा। हालांकि, ओकरा पहिले अधिकारी ओह पिच पs फैसला ले लिहल गइल बा, जवना के अतवार के उपयोग में ले आवल जाई। ग्राउंड स्टाफ कथित तौर पs फाइनल से पहिले पूरा मैदान में पानी डालल आ ओकरा बाद भारत-न्यूजीलैंड के बीच फाइनल खातिर सेंटर विकेट के चिह्नित कइल। ई उहे विकेट हs जवना के उपयोग टूर्नामेंट के ग्रुप चरण में हाई-प्रोफाइल भारत बनाम पाकिस्तान मैच के लिए किया गया था।

इस्तेमाल कइल जा चुकल पिच पs होई मैच

टाइम्स ऑफ इंडिया के एगो रिपोर्ट के मोताबिक, चैंपियंस ट्रॉफी फाइनल में पहिले इस्तेमाल कइल जा चुकल पिच के इस्तेमाल कइल जाई। अमीरात क्रिकेट बोर्ड दुबई में पिच खातिर अपना दु सप्ताह के आराम के नीति के बना के रखले बा। दरअसल, चैंपियंस ट्रॉफी में भारत के मैचन से पहिले उहां आईएलटी 20 के मेजबानी कइल गइल रहे। अइसन में भारत आ न्यूजीलैंड के बीच फाइनल खातिर पहिले इस्तेमाल कइल जा चुकल पिच के उपयोग करे के अलावा आईसीसी के लगे कवनो आउर विकल्प ना रहे।

दु हफ्ता के आराम के बाद खेलल जाई मैच

एह पिच के आखिरी बेर इस्तेमाल 23 फरवरी के भारत बनाम पाकिस्तान मैच के दौरान कइल गइल रहे। अब एकर उपयोग 09 मार्च के चैंपियंस ट्रॉफी के फाइनल में कइल जाई। एकरा पहिले भारत के पूर्व कोच आ कमेंटेटर रवि शास्त्री कहले रहस, ‘जदि रउआ चैंपियंस ट्रॉफी में इस्तेमाल कइल गइल पिचन के देखल जावs तs क्यूरेटर आ मैदानकर्मी सुनिश्चित कइल लो कि पिच के इस्तेमाल खातिर जाये से पहिले कम से कम दु हफ्ता के आराम मिलल। इहां तक कि जब ILT20 चलत रहे, तबो मैच से पहिले दु हफ्ता तक भारत बनाम बांग्लादेश मैच खातिर इस्तेमाल कइल जाये वाली पिच के उपयोग ना कइल गइल रहे। ओकरा बादो क्यूरेटर एही तरे के दृष्टिकोण अपनवले बाड़ें।’

रवि शास्त्री मैच के लेके देले रहस बयान

ऊ कहलें, ‘आईएलटी20 चलत रहे, बाकिर मैदानकर्मियन के नजर चैंपियंस ट्रॉफी पs रहे। खाली स्क्वायरे ना, आउटफील्ड के बहुत महत्व दिहल गइल रहे आ इहे कारण बा कि एतना क्रिकेट होखला के बादो इहां एतना हरल-भरल आउटफील्ड बा। दुबई में तेजी से बढ़त तापमान के संगे, स्पिन गेंदबाजी फाइनल खातिर टीमन के योजना खातिर आउर महत्वपूर्ण हो गइल बा। सेंटर-विकेट पिछला कुछ दिनन से कवर के नीचे बा। विकेट के पहिले लुक सनीचर के सार्वजनिक कइल जाये के संभावना बा।

भारत-पाकिस्तान मैच में का भइल रहे

हालांकि, भारत आ पाकिस्तान के बीच मुकाबला के देखल जावs तs मैच लो स्कोरिंग रहल रहे। पाकिस्तान टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी कइले रहे आ टीम 49.4 ओवर में 241 रन पs सिमट गइल रहे। भारत के ओर से स्पिनर्स पांच विकेट लेले रहे, जबकि तेज गेंदबाजन के तीन विकेट मिलल रहे। वरुण चक्रवर्ती ओह मैच में ना खेलले रहस। भारत 42.3 ओवर में चार विकेट गंवाके लक्ष्य हासिल कs लेले रहे। पाकिस्तान खातिर विकेट तेज गेंदबाज आ दु विकेट स्पिनर्स लेले रहे लो।

दुबई में तेज गेंदबाज ने जादे विकेट झटकलस लो

रिकॉर्ड के बात करीं तs अब तक दुबई अंतरराष्ट्रीय स्टेडियम में कुल 860 विकेट गिरल बा। एमे तेज गेंदबाज 493 विकेट झटकले बा लो, जबकि स्पिनर्स के 350 विकेट मिलल बा। आउर तरे के गेंदबाजन के 17 विकेट मिलल रहे। 2023 वनडे विश्व कप फाइनल के बाद से दुबई अंतरराष्ट्रीय स्टेडियम में कुल नव मैच खेलल गइल बा आ 123 विकेट गिरल बा। एमे से तेज गेंदबाज 70 विकेट लेले बा लो, जबकि स्पिनर्स 50 विकेट लेले बा लो। आउर तरे के गेंदबाजन के तीन विकेट मिलल बा।

भारत दुबई में अभी ले अजेय बा

भारत दुबई अंतरराष्ट्रीय स्टेडियम में अभी ले कुल 10 वनडे खेलले बा आ नव में टीम जीत दर्ज करे में कामयाब रहल रहे। एगो मैच टाई रहल बा। ओहिजा, कीवी इहां तीन मैच खेलले बा लो आ दु में ओह लोगन के हार के सामना करे के पड़ल बा। एक मैच के नतीजा ना निकलल रहे। भारत आ न्यूजीलैंड के टीम एकरा पहिला साल 2000 में चैंपियंस ट्रॉफी के फाइनल में आमने-सामने आ चुकल बा। अब 25 साल बाद टीम इंडिया के सामने ओह हार के बदला लेवे के मवका बा।

दुबई अंतरराष्ट्रीय स्टेडियम के आंकड़ा

सबसे बड़ स्कोर- 355/5 (इंग्लैंड vs पाकिस्तान, साल 2015)
सबसे कम टोटल- 91 रन (नामीबिया vs यूएई, साल 2023)
सबसे जादे रन- 424 रन (रिची बेरिंग्टन)
सबसे जादे शतक- 2 (केविन पीटरसन)
सबसे जादे अर्धशतक- 4 (जतिंदर सिंह)
सबसे जादे विकेट- 25 (शाहिद अफरीदी)

Read Also: 08 मार्च 2025 के राशिफल

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment