Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs NZ 2nd Test: न्यूजीलैंड के टीम दूसरका ऑल आउट, भारत के मिलल 358 रन के टारेगट

37

स्पोर्ट्स डेस्क, खबर भोजपुरी। India vs New Zealand 2nd Test: भारत आ न्यूजीलैंड के बीच पुणे में खेलल जा रहल दूसरका टेस्ट के तीसरका दिन के पहिला सत्र में न्यूजीलैंड दूसरका पारी में ऑल आउट हो गइल। दूसरका दिन के खेल खत्‍म होखे तक न्‍यूजीलैंड दूसरका पारी में पांच विकेट खोके 198 रन बनवले रहे। आज 198 से आगे खेलत आउर 57 रन जोड़के 255 पर ओकर पारी समाप्त हो गइल। एह तरे न्‍यूजीलैंड के लगे 357 रन के बढ़त हो गइल बा। अब भारत के सोझा मैच जीते आ सीरीज हार के खतरा टाले खातिर चउथा पारी में 358 रन बनावे के चुनौती बा।

तीसरका दिन अश्विन आ जडेजा अपना सा गेंदबाजी से बाकी पांच विकेट चटकावे में जोगदान दिहल लो। दूसरका दिन वॉशिंगटन सुंदर गेंदबाजी कइले रहस आ 4 विकेट चटकाके भारतीय टीम के मैच में वापसी करवले रहस। एकरा पहिले न्‍यूजीलैंड के पहिला पारी में सुंंदर 7 विकेट चटकवले रहस।

मुकाबला के हाल

न्यूजीलैंड के पहिला पारी 259 रन पs सिमट गइल रहे। अश्विन तीन विकेट लेलें। न्यूजीलैंड के ओर से कॉनवे 76 रन आ रचिन रवींद्र ने 65 रन के पारी खेलले रहे लो। एकरा बाद कवनो बल्लेबाज जादे देर तक क्रीज पs ना टिक सकल लो।

वाशिंगटन सुंदर टेस्ट वापसी में सानदार प्रदर्शन के चलते मैनेजमेंट के एह फैसला के सही साबित कइलें आ पहिला पारी में 7 आ दूसरका पारी में कुल 4 विकेट लेलें।

एकरा अलावे बाकी विकेट आर अश्विन लेले रहस। एकरा जवाब में भारतीय टीम पहिला पारी में 156 रन पर ढेर हो गई। रवींद्र जडेजा सबसे जादे 38 रन बनवलें। न्‍यूजीलैंड के ओर से सेंटनर ने सात विकेट चटकवलें।

India vs New Zealand 2nd Test Playing 11: दुनो टीमन के प्लेइंग-11

भारत- यशस्वी जयसवाल, रोहित शर्मा (कप्तान), शुभमन गिल, विराट कोहली, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), सरफराज खान, रवींद्र जड़ेजा, वाशिंगटन सुंदर, रविचंद्रन अश्विन, आकाश दीप, जसप्रीत बुमराह।

न्यूजीलैंड- टॉम लैथम (कप्तान), डेवोन कॉनवे, विल यंग, रचिन रविंद्र, डेरिल मिचेल, टॉम ब्लंडेल (विकेटकीपर), ग्लेन फिलिप्स, टिम साउदी, मिशेल सेंटनर, एजाज पटेल, विलियम ओ’रूर्के।

996220cookie-checkIND vs NZ 2nd Test: न्यूजीलैंड के टीम दूसरका ऑल आउट, भारत के मिलल 358 रन के टारेगट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.