IND vs ENG: एजबेस्टन में शतक लगावे वाला दूसरका भारतीय कप्तान हवे शुभमन, अजहरुद्दीन के संगे एह सूची में भइलें सामिल

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ इंग्लैंड के बीच पांच मैचन के टेस्ट सीरीज के दूसरा मुकाबला बर्मिंघम के एजबेस्टन में जारी बा। पहिला दिन के खेल खत्म होखे तक भारतीय टीम अपना पहिला पारी में पांच विकेट गंवाके 310 रन बना लेले बिया। कप्तान शुभमन गिल 114 रन आ रवींद्र जडेजा 41 रन बनाके नाबाद बाड़ें। दुनो के बीच अभी ले नाबाद 99 रन के साझेदारी हो चुकल बा। गिल इंग्लैंड में लगातार दूसरका टेस्ट में शतक जड़लें। ई उनकर बतौर कप्तान दूसरा आ टेस्ट में सातवां शतक रहल।

एकरा पहिले उनकर रिकॉर्ड इंग्लैंड में कुछ खास ना रहे, बाकिर एह दौरा पs जिम्मेदारी अइला के बाद से उनका में गजब के बदलाव देखे के मिलल बा। उ एजबेस्टन के मैदान पs शतक लगावे वाला दूसरका भारतीय कप्तान बाड़ें। नंबर चार पs बल्लेबाजी खातिर अइला के बाद से उ एह बैटिंग पोजिशन के किंग विराट कोहली के तरे आपन बना लेले बाड़ें। एतनही ना गिल इंग्लैंड में लगातार दु टेस्ट में शतक लगावे वाला दूसरका भारतीय कप्तान बन गइलें।

एजबेस्टन में शतक लगावे वाला भारतीयन में अब गिल के नाम जुड़ गइल बा। उनका से पहिले सचिन तेंदुलकर, विराट कोहली, ऋषभ पंत आ रवींद्र जडेजा अइसन कइले रहे लो। सचिन आ कोहली अब टेस्ट में ना खेलेला लो, जबकि पंत आ जडेजा अबकियो बेर भारतीय टीम के हिस्सा बा लो। सचिन 1996 मेंएह मैदान पs 122 रन के पारी खेलले रहस, जबकि विराट 2018 में इहां 149 रन बनवले रहस। ओहिजा, 2022 में भारत के ओर से एह मैदान पs दु-दु शतक लागल रहे। पंत 146 रन आ जडेजा 104 रन के पारी खेलले रहस। हालांकि, एमे से खाली कोहली आ गिल भारतीय टीम के कप्तानी संभारत शतक लगवले रना लो। बाकि खाली एगो खिलाड़ी के तौर पs शतक लगवले रहे लो।

ओहिजा, गिल इंग्लैंड में लगातार दु टेस्ट में शतक लगावे वाला दूसरका भारतीय कप्तानो बन गइलें। गिल एजबेस्टन से पहिले लीड्स में 147 रन के पारी खेलले रहस। उनका से पहिले साल 1990 में कप्तान मोहम्मद अजहरुद्दीन इंग्लैंड दौरा पs लॉर्ड्स टेस्ट में 121 रन के पारी खेलले रहस। एकरा बाद मैनचेस्टर में खेलल गइल अगिला टेस्ट में उ 179 रन बनवले रहस।

इंग्लैंड में लगातार टेस्ट मैचों में शतक बनाने वाले भारतीय कप्तान

प्रिंस के नाम से मशहूर गिल किंग कोहली के नक्शाकदम पs चल रहल बाड़ें। बतौर कप्तान उनका पहिला तीन पारी 147 रन, 8 रन आ 114* रन के रहल बा। ओहिजा, कोहली के बतौर कप्तान पहिला तीन पारी 115 रन, 141 रन आ 147 रन के रहे। दुनो के बीच बहुते समानता देखे के मिल रहल बा। गिल बतौर कप्तान अपना पहिलके मैच (लीड्स में) के पहिला पारी में शतक जड़ देलें। किंग कोहली 2014 में अइसन कइले रहस। उ तब पहिला पारी में 115 रन बनवला के अलावे दूसरको पारी में 141 रन बनवले रहस। गिल नंबर चार पs अपना पहिलके पारी में शतक जड़ देलें। कोहली 2013 में अइसने कइले रहस। 2013 में दक्षिण अफ्रीका के दौरा से पहिले कोहली कबो नंबर चार पs बल्लेबाजी ना कइले रहस। वांडरर्स में दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ नंबर चार पs डेब्यू करत कोहली अपना पहिलके पारी में 119 रन बनवले रहस।

गिल आ कोहली के कप्तान के रूप में पहिला तीन पारी

Read Also: Prez Mahama Conferred PM Modi: घाना में पीएम मोदी के देस के सर्वोच्च सम्मान; राष्ट्रपति महामा कइलें सम्मानित


Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-