IND vs ENG: भारत के बड़ झटका, ऋषभ पंत इंग्लैंड सीरीज से भइलें बाहर, ईशान किशन के टीम में कइल जा सकत बा सामिल

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। इंग्लैंड दौरा पs भारत के एगो आउर बड़ झटका लागल बा। भारतीय खिलाड़ियन के चोटिल होखला के दौर जारी बा आ अब एमे उपकप्तान ऋषभ पंत के नाम जुड़ चुकल बा। पंत चोटिल होके इंग्लैंड के खिलाफ बाकी बचल सीरीज से बाहर हो चुकल बाड़ें। उनका मैनचेस्टर टेस्ट के पहिला दिन बल्लेबाजी करत गोड़ में चोट लागल रहे। एकरा बाद उ बहुते दरद में लउकल रहस आ रिटायर्ड हर्ट हो गइल रहस। उनका के स्कैन खातिर ले जाइल गइल। न्यूज एजेंसी पीटीआई बीसीसीआई सूत्रन के हवाले से बतवले बा कि उनका गोड़ के अंगुरी टूट गइल बा आ डॉक्टर लाेग उनका के आराम करे के सलाह देले बा।

पहिला पारी में पंत 37 रन बनाके बल्लेबाजी करत रहस, जब रिवर्स स्वीप के प्रयास में गेना आके उनका गोड़ पs लागल। भारतीय पारी के 68वां ओवर में क्रिस वोक्स के गेना उनका दाहिने गोड़ पs लागल। एकरा बाद उ जमीन पs लेट गइलें आ बहुते दरद में लउकल रहस। फीजियो के अइला पs उ दरद से कराहत लउकल रहस। फेर उनका के उठाके ले जाये के कोसिस कइल गइल, बाकिर उ चल ना सकलें। फेर उनका के एंबुलेंस में ले जाइल गइल। पंत के दहिना गोड़ से खून रिसत देखल गइल, संगही देह के ओह हिस्सा में बहुते सूजन रहे।

पंत के बाहर होखल बड़ झटका बा, काहेकि उ इन फॉर्म बल्लेबाज बाड़ें आ मैनचेस्टर टेस्ट के पहिला पारी में सानदार बल्लेबाजी करत रहस। अब उ बल्लेबाजी खातिर ना अइहें, जवना से भारत एह टेस्ट में एगो कम बल्लेबाज के संगे उतरी। ऐकर नुकसान हो सकत बा। इंग्लैंड के टीम पहिलही सीरीज में 2-1 से आगे बिया। जदि भारतीय टीम ई टेस्ट हारत बिया तs सीरीजो हार जाई।

ओहिजा, बीसीसीआई के एगो सूत्र न्यूज एजेंसी पीटीआई के बतवलस, ‘स्कैन रिपोर्ट में फ्रैक्चर दिखावल गइल बा आ उ छव हफ्ता खातिर मैदान से बाहर हो गइल बाड़ें। बीसीसीआई जल्दिये उनका रिप्लेसमेंट के एलान करी आ ईशान किशन रिप्लेसमेंट हो सकत बाड़ें।’ पांचवां टेस्ट लंदन के द ओवल मैदान में 31 जुलाई से चार अगस्त तक खेलल जाई। किशन हाले में नॉटिंघमशायर खातिर दुगो काउंटी मैच खेलले बाड़ें आ संगही टेस्ट सीरीज से पहले इंग्लैंड लायंस के खिलाफ खेले वाली भारत ए टीम के हिस्सा रहस। थिंक टैंक केएल राहुल के विकेटकीपिंग करे खातिर कहल जा सकत बा, बाकिर उ 2023-24 सीजन में दक्षिण अफ्रीका दौरा के बाद से ई जिम्मेदारी नइखन निभवले।

ओहिजा, इंडियन एक्सप्रेस बीसीसीआई के एगो सूत्र के हवाले से बतवलस, ‘मेडिकल टीम ई देखे के कोसिस कs रहल बिया कि का पंत दर्द निवारक दवा लेके फेर से बल्लेबाजी खातिर आ सकत बाड़ें। हालांकि, उनका चले खातिर अभियो सहारा के जरूरत बा आ उनका बल्लेबाजी के संभावना बहुत कम दिख रहल बा।’ पंत अब अगिला छव हफ्ता तक मैदान पs ना लउकिहें।

भारत पहिलही से ही चोट के संकट से जूझ रहल बा। ऑलराउंडर नीतीश कुमार रेड्डी (घुटना) सीरीज से बाहर हो चुकल बाड़ें आ तेज गेंदबाज आकाश दीप (ग्रोइन) आउर अर्शदीप सिंह (अंगूठा) चउथा टेस्ट में नइखे खेल रहल लो। शार्दुल ठाकुर आ अंशुल कंबोज के चउथा टेस्ट में मवका दिहल गइल। पंत अब तक एह सीरीज में चार मैचन में 66 के औसत से 462 रन बनवले रहस। एमे दु शतक आ दुगो अर्धशतक सामिल बा। पंत एकरा पहिलहूं चोट के वजह से बहुत समय तक क्रिकेट से दूर रहल रहस। उनकर 2022 के दिसंबर में एक्सीडेंट भइल रहे आ गोड़ में गंभीर चोट लागल रहे। उ करीब डेढ़ साल बाद आईपीएल 2024 से क्रिकेट में वापसी कइले रहस। अब एक बेर फेर उ चोटिल हो गइल बाड़ें।

Read Also: SC: बॉम्बे हाईकोर्ट के फैसला पs सुप्रीम कोर्ट लगवलस रोक, 2006 ट्रेन धमाका के आरोपियन के मिलल रहे राहत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-