IND vs ENG : राहुल-सुदर्शन के साझेदारी से भारत के बढ़त मजबूत, बुमराह के पंजा से भारत के वापसी

ind-vs-eng-rahul-sudharsan-partnership-bumrah-five-wicket-haul

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ इंग्लैंड के बीच खेलल जा रहल पहिला टेस्ट मैच के तीसरका दिन के खेल बरखा के कारण जल्दी समाप्त कs दिहल गइल। भारत अपना दूसरा पारी में दु विकेट के नुकसान पs 90 रन बना लेले बा आ कुल 96 रन के बढ़त हासिल कs लेले बा। केएल राहुल 47 आ शुभमन गिल छव रन बनाके क्रीज पs मवजूद बा लो।

भारत पहिला पारी में 471 रन बनवले रहे। इंग्लैंड ओली पोप के शतक आ हैरी ब्रूक के 99 रन के पारी के मदद से 465 रन बनवलस, जवना से भारत के छव रन के मामूली बढ़त मिलल।

भारत के दूसरका पारी

दूसरका पारी के सुरुआत भारत खातिर निराशाजनक रहल। ब्रायडन कार्स यशस्वी जायसवाल के 11 गेना में 4 रन पs विकेटकीपर जेमी स्मिथ के हाथे कैच करवले। एकरा बाद केएल राहुल आ डेब्यू कs रहल साई सुदर्शन पारी के संभरले आ दूसरका विकेट खातिर 66 रन के साझेदारी कइल लो। सुदर्शन 30 रन बनाके बेन स्टोक्स के गेना पs आउट भइलें। राहुल 75 गेना में सात चौका के मदद से 47 रन बनाके नाबाद बाड़ें, जबकि शुभमन गिल 10 गेना में 6 रन बनाके नाबाद बाड़ें।

इंग्लैंड के पहिला पारी

इंग्लैंड के टीम तीसरका दिन 209/3 से आगे खेले उतरल रहे। ओली पोप 106 रन बनवलें जबकि हैरी ब्रूक 99 रन बनाके आउट भइलें। इंग्लैंड के ओर से बेन डकेट 62 आ कप्तान बेन स्टोक्स 20 रन के जोगदान देलें। जेमी स्मिथ (40), क्रिस वोक्स (38) आ ब्रायडन कार्स (22) निचला क्रम से अहम रन जोड़ल लो।

भारत के ओर से जसप्रीत बुमराह सानदार गेंदबाजी करत पांच विकेट लेलें। प्रसिद्ध कृष्णा तीन आ मोहम्मद सिराज दु विकेट झटकलें। रवींद्र जडेजा आ शार्दुल ठाकुर के कवनो सफलता ना मिलल। भारत अब चउथा दिने बढ़त के मजबूत करे के कोसिस करी, ओहिजा इंग्लैंड वापसी खातिर रणनीति बनाई।

Read Also: IND vs ENG: SENA देसन में सबसे जादे विकेट लेवे वाला एशियाई गेंदबाज बनलें जसप्रीत बुमराह, वसीम अकरम के पीछे छोड़लें

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-