Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs ENG: भारत वसूललस दोगुना लगान तऽ खिसिया गइलें josh Buttler, हारला के बाद बतवलें कहां हो गइल गलती

266

IND vs ENG: टी20 वर्ल्ड कप 2024 के दूसरका सेमीफाइनल में इंग्लैंड के सामना भारत से रहे। टॉस जीतला के बाद जोस बटलर पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइले रहलें। भारत कठिन पिच पs पहिले खेलत घरी 171 रन बनवलस। एकरा जवाब में इंग्लैंड के पूरा टीम 16.4 ओवर में महज 103 रन बनाकर सिमट गइल। अक्षर पटेल आ कुलदीप यादव के दु-दु विकेट मिलल।

साल 2022 में एडिलेड ओवल में इंग्लैंड टी20 वर्ल्ड कप के सेमीफाइनल में भारत के 10 विकेट से हरा मे फाइनल में जगह बनवले रहे। साल 2024 के टी20 वर्ल्ड कप सेमीफाइनल में भारत इंग्लैंड के हिसाब चुकता कऽ देलस। 27 जून के खेलल गइल दूसरका सेमीफाइनल में भारत इंग्लैंड के 68 रन से धूल चटवलस।

कठिन पिच पs भारत पहिले बल्लेबाजी करत घरी स्कोर बोर्ड पs 171 रन लगा देलस। कप्तान रोहित शर्मा अर्धशतकीय पारी आ सूर्यकुमार 47 रन के योगदान देले। लक्ष्य के पीछा करे उतरल इंग्लैंड स्पिनर्स बुनल जाल में फंस गइल। 16.4 ओवर में 103 रन बनाके सिमट गइल। एह शर्मनाक हार के बाद इंग्लैंड के कप्तान जोस बटलर हताश लउकले। उऽ भारत के जीत के हकदार मनलें।

भारत के तारीफ में पढ़के कसीदा

जोस बटलर कहले,

भारत हमनी के पूरा तरे पछाड़  देलस। हमनी चुनौतीपूर्ण सतह पs ओकरा के 20-25 रन अधिक बनावे देनी। दु साल बाद, अलग परिस्थिति रहल। एकर श्रेय पूरा तरे भारत ले जाता। भारत जीत के हकदार बा। बारिश के साथे हम ना सोचले रही कि पिच में बहुत बदलाव आई। हमरा नइखे लागत कि ढेर बदलाव आइल, उऽ लोग बेहतर गेंदबाजी कइलें। उनका लगे शानदार गेंदबाज बाड़न।

‘मोईन अली से करावे के चाहत रहे गेंदबाजी’

बटलर आगे कहले,

अंत में अइसन लागेला कि जवना तरे स्पिन गेंदबाजी चलत रहे , मोईन से गेंदबाजी करावे के चाहत रहे। उनका लगे पार स्कोर से अधिका के टोटल रहे आ अइसन लक्ष्य के पीछा कइल हमेशा कठिन होला। हमनी काफी प्रतिकूल परिस्थितियन के सामना कइले बानी  टूर्नामेंट के दौरान हमनीं कई गो प्रतिकूल परिस्थितियन के सामना करे पड़ल, ओकरा बादो हमनी एगो टीम के रूप में एकजुट रहनी। कुछ जगहन प बहुत नीमन क्रिकेट खेलनी, बाकिर जब सबसे ज्यादा जरूरत रहे, तब हमनी पीछे रह गइनीं।

875740cookie-checkIND vs ENG: भारत वसूललस दोगुना लगान तऽ खिसिया गइलें josh Buttler, हारला के बाद बतवलें कहां हो गइल गलती

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.