IND vs ENG: ‘का तेंदुलकर-एंडरसन के ट्रॉफी समारोह में आमंत्रित कइल गइल?’, गावस्कर इंग्लैंड पs सधलें निशाना

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत के पूर्व दिग्गज बल्लेबाज सुनील गावस्कर इंग्लैंड आ भारत के बीच पांच टेस्ट मैचन के सीरीज के बाद पुरस्कार समारोह के आयोजन के लेके इंग्लैंड आ वेल्स क्रिकेट बोर्ड (ईसीबी) पs सवाल उठवले बाड़ें। गावस्कर पूछलें कि का एंडरसन-तेंदुलकर ट्रॉफी के ड्रॉ होखला के बाद सचिन तेंदुलकर आ जेम्स एंडरसन के पुरस्कार समारोह में आमंत्रित ना कइल गइल रहे?

एंडरसन-तेंदुलकर के नाम पs खेलल गइल रहे सीरीज

मालूम होखे कि भारत आ इंग्लैंड के बीच ई सीरीज एंडरसन-तेंदुलकर के नाम से खेलल गइल रहे। पूर्व भारतीय कप्तान कहलें कि ई उचित होइत कि तेंदुलकर आ एंडरसन, जे ओह समय इंग्लैंड में रहे, समारोह में उपस्थित रहित लो। भारत ओवल में खेलल गइल पांचवां टेस्ट मैच में छव रन से जीत दर्ज कs के पांच मैचन के ई सीरीज 2-2 से ड्रॉ करवले रहस। ओह मैच में मोहम्मद सिराज चमकल रहस, जे कुल नौ विकेट चटकवले रहस, जवना में दूसरका पारी में पांच विकेट लेहल सामिल बा।

गावस्कर एगो कॉलम में लिखलें, ई क्रिकेट के दुगो महानत दिग्गज, सचिन तेंदुलकर आ जेम्स एंडरसन के नाम पs आयोजित पहिला सीरीज रहे। उम्मीद तs इहे रहे कि दुनो कप्तानन के ट्रॉफी सउपे खातिर मवजूद रही लो, खास कs के जब सीरीज ड्रॉ रहल। जहां तक हमरा जानकारी बा, दुनो ओह समय इंग्लैंड में रहे लो। तs का ओह लोगन के आमंत्रित ना कइल गइल? भा का ई ओइसने रहे जइसन एह साल के सुरुआत में ऑस्ट्रेलिया में भइल रहे, जब खाली एलन बॉर्डर के बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी प्रदान करे खातिर कहल गइल रहे, काहेकि ऑस्ट्रेलिया सीरीज जीत लेले रहे? चूंकि इंग्लैंड के ई सीरीज ड्रॉ रहल रहे, एहिसे सायद दुनो में से केहूओ के प्रस्तुति में सामिल होखे खातिर ना कहल गइल रहे।

नाम बदललो पs गावस्कर उठवले रहस सवाल

गौर करे वाला बात बा कि गावस्कर ओह लोगन में सामिल रहस, जे ट्रॉफी के नाम पटौदी ट्रॉफी से बदलके एंडरसन-तेंदुलकर ट्रॉफी कइला पs सवाल उठवले रहस । ई दिग्गज बल्लेबाज इहो कहलें कि ट्रॉफी के नाम एंडरसन-तेंदुलकर के बजाय तेंदुलकर-एंडरसन रखल जाये के चाहत रहे। कड़ा प्रतिक्रिया के बाद ईसीबी घोषणा कइले रहे कि विजेता कप्तान के पटौदी पदक दिहल जाई, जवना से ई सुनिश्चित भइल कि उनकर नाम एह हाई-प्रोफाइल सीरीज से जुड़ल रही।

Read Also: Bijapur Encounter: गंगालूर इलाका में नक्सलियन के संगे मुठभेड़ जारी, डीआरजी के 2 जवान घायल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-