Bijapur Encounter: गंगालूर इलाका में नक्सलियन के संगे मुठभेड़ जारी, डीआरजी के 2 जवान घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 12, 2025

बीजापुर। जिला के गंगालूर क्षेत्र में नक्सल विरोधी अभियान के तहत निकलल डीआरजी के टीम के मंगर के सबेरही से नक्सलियन के संगे मुठभेड़ जारी बा। सोमार के सुरू भइल एह अभियान के दौरान सुरक्षाबलन

Share

ओडिशा-छत्तीसगढ़ सीमा पs एनकाउंटर में 14 से जादा नक्सली ढेर

बीजापुर। जिला के गंगालूर क्षेत्र में नक्सल विरोधी अभियान के तहत निकलल डीआरजी के टीम के मंगर के सबेरही से नक्सलियन के संगे मुठभेड़ जारी बा। सोमार के सुरू भइल एह अभियान के दौरान सुरक्षाबलन आ नक्सलियों के बीच रुक-रुक के गोलीबारी हो रहल बा।

एह मुठभेड़ में दुगो डीआरजी के जवानन के मामूली चोट आइल बा। पुलिस बतवलस कि दुनो घायल जवान पूरा तरे से खतरा से बाहर बा लो आ ओह लोगन के इस्थिति सामान्य बा। प्राथमिक उपचार के बाद ओह लोगन के बेहतर चिकित्सा सुविधा खातिर रायपुर रेफर कइल गइल बा।

सुरक्षाबलन के जवाबी कार्रवाई में कइयन गो नक्सलियन के घायल होखे के संभावना जतावल जा रहल बा। हालांकि, एह संबंध में अभियो कवनो आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। सुरक्षाबलन के अभियान क्षेत्र में अभियो जारी बा। मुठभेड़ के समापन के पश्चात पूरा घटनाक्रम के विस्तृत विवरण अलग से जारी कइल जाई।

Read Also: Fatehpur News: मकबरा-मंदिर विवाद में तनाव, हिंदू संगठन कइलस प्रदर्शन; मजारन में तोड़फोड़!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.