IND vs ENG : इंग्लैंड टेस्ट में हासिल कइलस आपन दूसरका सबसे बड़ लक्ष्य, बढ़त लेला के बादो भारत के मिलल हार

भारत बनाम इंग्लैंड - फोटो : PTI/BCCI

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। बेन डकेट के शतक आ जैक क्रावली आउर जो रूट के अर्धशतकन के मदद से इंग्लैंड भारत के पहिला टेस्ट मैच के पांचवां दिन पांच विकेट से हरवलस। इंग्लैंड एह तरे पांच मैचन के टेस्ट सीरीज में 1-0 के बढ़त हासिल कs लेले बा। भारत इंग्लैंड के सामने 371 रन के लक्ष्य रखले रहे। इंग्लैंड दूसरका पारी में पांच विकेट पs 373 रन बनाके जीत हासिल कइलस। एह तरे इंग्लैंड अपना धरती पs टेस्ट में दूसरका बड़ लक्ष्य हासिल कइलस।

भारत हासिल कइलस मामूली बढ़त

इंग्लैंड एह मैच में टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला कइले रहे। भारत पहिला पारी में 471 रन बनवलस आ इंग्लैंड के पहिला पारी 465 रन पs ऑलआउट कs के छव रन के मामूली बढ़त हासिल कs लेले रहे। भारत के दूसरका पारी चउथा दिन 364 रन पs ऑलआउट भइल रहे आ उ कुल 370 रन के बढ़त हासिल कs के इंग्लैंड के 371 रन के लक्ष्य देले रहे। इंग्लैंड आखिरी दिन आसानी से लक्ष्य हासिल कइलस आ सीरीज में बढ़त लेवे में सफल रहल रहे।

गिल के कप्तानी में पहिला हार

भारतीय टीम एह सीरीज में रोहित शर्मा आ विराट कोहली के अनुपस्थिति में खेल रहल बिया, जे हाले में टेस्ट क्रिकेट से संन्यास लेले रहे। गिल के रोहित के जगह कप्तान बनावल गइल रहे, बाकिर कप्तान के तौर पs पहिलके मैच में उनका हार मिलन। भारत के लगे हालांकि, अभियो मवका बा, काहेकि ई सीरीज के पहिलके मैच रहे। भारत खातिर पहिला पारी आ दूसरका पारी में निचिला क्रम बल्लेबाजी में अच्छा जोगदान ना देलस, जवन भारी पड़ल। ओहिजा, दूसरका पारी में गेंदबाजो कमाल ना देखा सकल जवन हार के बड़ा कारण रहल।

गेंदबाजी में लचर प्रदर्शन

भारतीय टीम पहिला पारी में बढ़त लेला के बादो एह मैच के जीत ना सकल। भारत के हार के सबसे बड़ कारण दूसरका पारी में गेंदबाजन के लचर प्रदर्शन रहल। इंग्लैंड पांचवां दिन के सुरुआत बिना कवनो नुकसान के 21 रन से कइलस। इंग्लैंड के अंतिम दिन जीत खातिर 350 रन चाहत रहे, जबकि भारत के 10 विकेट लेवे के रहे। इंग्लैंड खातिर जैक क्रावली आ बेन डकेट सानदार बल्लेबाजी कइल लो आ पहिला विकेट खातिर 188 रन के साझेदारी कs के टीम के मजबूत इस्थिति पs पहुंचावल लो। ई दुनो बल्लेबाज पांचवां दिन पहिला सत्र में भारत के सफलता हासिल ना करे देलस।

डकेट-क्रावली के सानदार साझेदारी

भारत दूसरका सत्र में चार विकेट लेलस, बाकिर अंत में रूट आ स्मिथ मोर्चा संभारल लोग आ इंग्लैंड के जीत दिला दिहल। इंग्लैंड खातिर रूट 53 रन आ जैमी स्मिथ 44 रन बनाके नाबाद लवटल लो। इंग्लैंड के ओर से डकेट 149 रन, क्रावली 65, कप्तान बेन स्टोक्स 33, ओली पोप आठ रन बनवलें, जबकि हैरी ब्रूक खाता खोलले बिना पवेलियन लवटलें। पहिला पारी में पांच विकेट लेवे वाला भारत के स्टार तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह दूसरका पारी में खाली हाथ रहलें आ एको विकेट हासिल ना कs सकलें। भारत के ओर से प्रसिद्ध कृष्णा आ शार्दुल ठाकुर दु-दु विकेट लिहल, जबकि रवींद्र जडेजा के एक विकेट मिलल।

डब्ल्यूटीसी के नया चक्र के खराब सुरुआत

भारत विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के नया चक्र (2025-27) के खराब सुरुआत कइले बा। अंक तालिका में भारत चउथा स्थान पs बा। ओहिजा, इंग्लैंड लीड्स टेस्ट में जीत के संगे शीर्ष पs पहुंच गइल बा। ओकरा खाता में 12 अंक बा आ अंक प्रतिशत 100 के हो गइल बा। भारत के तरे इंग्लैंड डब्ल्यूटीसी के नया के सुरुआत लीड्स टेस्ट से कइले बा। दूसरका आ तीसरका स्थान पs क्रमश: बांग्लादेश श्रीलंका के टीम बाड़ी सs। दुनो के बीच खेलल गइल पहिला मुकाबला ड्रॉ पs खत्म भइल रहे। अब भारतीय टीम के तेंदुलकर-एंडरसन ट्रॉफी के दूसरका मुकाबला बर्मिंघम में खेले के बा। ई मैच दु जुलाई से सुरू होई।

Read Also: Emergency : पीएम मोदी बोललें- संविधान के गला घोंटल गइल, देस कबो ना भूली ई काला अध्याय

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-