स्पोर्ट्स डेस्क। IND vs ENG Playing-11 ; भारत आ इंग्लैंड के बीच सीरीज के पांचवां आ आखिरी टेस्ट के सुरुआत 31 जुलाई, बियफे से होई। लंदन के द ओवल मैदान में खेलल जाये वाला ई मैच टीम इंडिया खातिर बहुते महत्वपूर्ण बा। सीरीज हार से बचे खातिर भारत के हर हाल में ई मैच जीते के होई।
इंग्लैंड फिलहाल 2-1 के बढ़त बनवले बा। शुभमन गिल के अगुआई में भारत एह दौरा पs कमाल के प्रदर्शन कइले बा। लीड्स आ लॉर्ड्स, जवन दु टेस्ट मैचन में भारतीय टीम हारल, उ बहुते करीबी रहल। टीम इंडिया के बल्लेबाज मैनचेस्टर टेस्ट के बचावे खातिर गजब के साहस दिखावल लो। भारतीय बल्लेबाज एह सीरीज में फॉर्म में रहल बाड़ें। हालांकि, आखिरी टेस्ट में भारत के सबसे बड़ समस्या गेंदबाजन के चयन के लेके होई। पिछलका टेस्ट में भारतीय गेंदबाज फेल रहल रहे लो। ओहिजा, आखिरी टेस्ट में एगो नया बॉलिंग लाइन अप के संगे टीम इंडिया उतर सकत बिया।
IND vs ENG Playing-11 : बुमराह के मिल सकत बा आराम
न्यूज एजेंसी पीटीआई एगो रिपोर्ट के हवाला देत बतवलस कि भारत के स्टार तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह के वर्कलोड मैनेजमेंट के तहत पांचवां आ अंतिम टेस्ट मैच से बाहर रहल तय मानल जा रहल बा। ओहिजा, अंशुल कंबोज पिछला टेस्ट में प्रभावित करे में नाकाम रहल रहलें। अइसन में आकाश दीप के प्लेइंग-11 में वापसी हो सकत बा। उ चोट के वजह से पिछला मैच ना खेलले रहस। एकरा अलावे अंशुल के जगह अर्शदीप सिंह के टेस्ट डेब्यू करे के मवका मिल सकत बा। दुनो मंगर के प्रैक्टिस सेशन में जमके पसीना बहवले रहे लो। सिराज तीसरका तेज गेंदबाज हो सकत बाड़ें। हालांकि, सिराज पs चार टेस्ट खेलला के वजह से थकान हावी बा आ जदि उनका के आराम दिहल जात बा, तs प्रसिद्ध कृष्णा खेलत दिखाई पड़ सकेलें।
मैनचेस्टर में लय में ना दिखल रहलें बुमराह
दुनिया के नंबर एक गेंदबाज 31 वर्षीय बुमराह ओल्ड ट्रैफर्ड में खेलल गइल चउथा टेस्ट मैच में लय में ना लउकल रहस। उनका अपना गति के लेके संघर्ष करे के पड़ल रहे। उ एह टेस्ट में खाली एक विकेट ले सकल रहस। ईएसपीएनक्रिकइन्फो के रिपोर्ट के मोताबिक, ‘बीसीसीआई के मेडिकल टीम बुमराह के बता देले बिया कि ई फैसला उनका पीठ के चोट से बचावे आ भविष्य के ध्यान में रखत लिहल गइल बा।’ रिपोर्ट में कहल गइल बा कि कमर में दरद के कारण चउथा टेस्ट से बाहर रहल आकाश दीप के प्लेइंग-11 में बुमराह के जगह सामिल कइल जा सकत बा।
IND vs ENG Playing-11 : टीम संयोजन के बारे में अभी तक फैसला ना
एकरा पहिले मुख्य कोच गौतम गंभीर कहले रहस कि टीम संयोजन के बारे में कवनो निर्णय नइखे लिहल गइल आ बुमराह सहित सब गेंदबाज फिट बा लो। मैनचेस्टर में चउथा टेस्ट के बाद गंभीर कहले रहस, ‘हमनी के आखिरी टेस्ट खातिर टीम संयोजन पs कवनो बातचीत नइखी सs कइलें। जसप्रीत बुमराह खलिहें ना, एह पs अभी कवनो फैसला नइखे भइल। जे केहू खेली, उ देस खातिर अच्छा प्रदर्शन करे के कोसिस करी।’
बुमराह के रफ्तार में दिखल रहे कमी
चउथा टेस्ट में भारत के 358 रन के जवाब में इंग्लैंड 669 रन के विशाल स्कोर बनाके 311 रन के बढ़त हासिल कइले रहे। भारत ओ मैच ड्रॉ करे में सफल रहल रहे। बुमराह चउथा टेस्ट के पहिला पारी में 33 ओवर फेंकलें। उ पहिला बेर कवनो एक पारी में एतना ओवर कइलें। बुमराह 103 रन देके दु विकेट लेलें। ई उनका करिअर में पहिला अवसर रहे जब उ एक टेस्ट पारी में 100 से अधिक रन देलें। एह सीरीज के दौरान उनका रफ्तार में कमी देखल गइल। एकरा बादो उ सीरीज के जवन तीन टेस्ट मैच खेललें उ 14 विकेट लेलें जवन टीम के एगो आउर प्रमुख तेज गेंदबाज मोहम्मद सिराज के बराबर बा।
IND vs ENG Playing-11 : कुलदीप के मिल सकत बा मवका

भारत के बल्लेबाजी कोच सितांशु कोटक मंगर के अपना बयान में ऑलराउंडर के रखेल जाये के वकालत कइले रहस। उ एगो अतिरिक्त तेज गेंदबाज के जगह ऑलराउंडर के तरजीह दिहल जाये के बात कइले रहस। अइसन में शार्दुल ठाकुर के खेलल तय मानल जा रहल बा। शार्दुल मैनचेस्टर टेस्ट के पहिला पारी में बहुमूल्य 41 रन बनवले रहस, बाकिर उनका गेंदबाजी पs सवाल उठ रहल बा। कइयन गो दिग्गज चार टेस्ट के दौरान कुलदीप यादव के खिलावे के मांग कइले रहे लो। टीम मैनेजमेंट शार्दुल के जगह कुलदीप के खिलावे पs विचार कर सकत बा। कुलदीप अटैकिंग स्पिनर हवे आ भारत के पिछले टेस्ट में गेंदबाजी के देखत उनका मवका मिल सकत बा
पंत के जगह जुरेल के हो सकत बा एंट्री
बल्लेबाजी में ऋषभ पंत के छोड़के कवनो तरे के बदलाव के संभावना बहुते कम बा। पंत गोड़ के अंगुरी टूटला के वजह से सीरीज से बाहर हो चुकल बाड़ें। अइसन में उनका जगह ध्रुव जुरेल के मवका मिल सकत बा। पंत के गैरमौजूदगी में एह सीरीज में उ कइयन गो मवकन पs विकेटकीपिंग कइले बाड़ें आ अपना किरदार के बखूबी निभवले बाड़ें। एकरा अलावे रवींद्र जडेजा आ वॉशिंगटन सुंदर के खेलल तय बा। दुनो मैनचेस्टर में टेस्ट बचावे खातिर विपरीत परिस्थितियन में सानदार बल्लेबाजी कइले रहे लो।
भारत के संभावित प्लेइंग-11 (IND vs ENG Playing-11) : शुभमन गिल (कप्तान), केएल राहुल, यशस्वी जायसवाल, साई सुदर्शन, ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), रवींद्र जडेजा, वॉशिंगटन सुंदर, शार्दुल ठाकुर/कुलदीप यादव, जसप्रीत बुमराह/आकाश दीप, अर्शदीप सिंह, मोहम्मद सिराज/प्रसिद्ध कृष्णा।
IND vs ENG Playing-11 : इंग्लिश खिलाड़ियन पs थकान हावी
ओहिजा, इंग्लैंड के हालत कुछ एही तरे बा। टीम के जादेतर खिलाड़ी चारो टेस्ट खेलले बा लो आ ओहू लोगन पs थकान हावी बा। मैनचेस्टर टेस्ट के जल्दी ड्रॉ घोषित करे के मांग के लेके कप्तान बेन स्टोक्स इहे वजह बतवले रहस। ओह टेस्ट के खत्म होखला के तीन दिन बाद अगिला टेस्ट होखे के रहे। स्टोक्स एह सीरीज में गजब के जज्बा दिखवले बाड़ें आ ना खाली बल्लेबाजी, बलुक गेंदबाजी में मैराथन स्पेल डलले बाड़ें, बाकिर पिछलका टेस्ट में उहो परेसानी में लउकत रहस आ थकान हावी दिखत रहे।
एकरा संगही ब्रायडन कार्स आ क्रिस वोक्स चारो टेस्ट के हिस्सा रहल बा लो। चोट के बाद चार साल बाद टेस्ट में वापसी करे वाला जोफ्रा आर्चर दु टेस्ट से खेल रहल बाड़ें। अइसन में इंग्लैंड के टीम में आखिरी टेस्ट खातिर प्लेइंग-11 में कुछ बदलाव देखे के मिल सकत बा। टीम के लगे विकल्प के रूप में जेमी ओवरटन आ गस एटकिंसन मवजूद बा लो। एकरा अलावे जोश टंग बाड़ें। अइसन में वोक्स आ कार्स के जगह एह तीनों में से केहू दु k आइल तय मानल जा रहल बा।
इंग्लैंड के संभावित प्लेइंग-11 (IND vs ENG Playing-11) : बेन स्टोक्स (कप्तान), जैक क्राउली, बेन डकेट, ओली पोप, जो रूट, हैरी ब्रूक, जेमी स्मिथ (विकेटकीपर), लियाम डॉसन, क्रिस वोक्स/जेमी ओवरटन, ब्रायडन कार्स/जोश टंग, जोफ्रा आर्चर/गस एटकिंसन।