टी-20 सीरीज खतम भइला का बाद आजु से भारत आ इंग्लैंड का बीच तीन मैच के वनडे सीरीज खेलल जाई. भारतीय टीम टी-20 सीरीज 2-1 से जीत चुकल रहे आ अब एकदिना सीरीज में भी एह गति के कायम राखल चाहत बिया. एकरा साथे जो रूट, जॉनी बेयरस्टो आ बेन स्टोक्स जइसन खिलाड़ियन के वापसी से इंग्लैंड के टीम मजबूत हो गइल बा.
एकदिना में इंग्लैंड के नियमित कप्तान का रूप में जोस बटलर के ई पहिला सीरीज होखी. दुनो टीम ए सीरीज के माध्यम से अगिला साल होखेवाला एकदिना विश्व कप के तैयारी में भी शामिल होई। भारत अगिला साल एकदिना विश्वकप के मेजबानी करी जबकि इंग्लैंड एकदिना के डिफेंडिंग चैंपियन बा.
आईं एह मैच के प्रसारण आ ऑनलाइन टेलीकास्ट से जुड़ल सगरी जानकारी जानल जाव …
भारत अवुरी इंग्लैंड के बीच पहिला एकदिवसीय मैच कब होई?
भारत आ इंग्लैंड का बीच तीन मैच के एकदिना सीरीज के पहिला मैच मंगल 12 जुलाई के खेलल जाई.
भारत आ इंग्लैंड के बीच के मैच कहाँ खेलल जाई?
भारत आ इंग्लैंड का बीच पहिला एकदिना लंदन के केनिंगटन ओवल में खेलल जाई.
भारत बनाम इंग्लैंड के मैच कब से शुरू होई?
भारत आ इंग्लैंड का बीच होखे वाला मैच में टॉस भारत का हिसाब से साँझ पाँच बजे होखी आ पहिला गेंद साँझ साढ़े पाँच बजे होखी.
एह मैच के कवन टीवी चैनल प्रसारित करी?
भारत-इंग्लैंड सीरीज के प्रसारण करे के अधिकार सोनी स्पोर्ट्स नेटवर्क के बा। एह से एह मैच के सोनी स्पोर्ट्स चैनल पर भी प्रसारित कइल जाई। सोनी स्पोर्ट्स चैनल पर अलग अलग भाषा में लाइव मैच देख सकेनी।
मुफ्त में मैच कइसे देखल जाई?
भारत बनाम इंग्लैंड के मैच मोबाइल फोन आ टीवी पर बिना कवनो अतिरिक्त खरचा के देखल जा सकेला. अगर रउरा लगे रिलायंस जियो सिम बा त रउरा एह मैच के जियो टीवी का माध्यम से अपना मोबाइल फोन पर मुफ्त में देख सकीलें. एकरा साथे ई मैच डीडी फ्री डिश के डीडी स्पोर्ट्स चैनल पर भी मुफ्त में देखल जा सकेला।