IND vs BAN: बांग्लादेश के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर शमी के जगह पs खेले वाले खिलाड़ी के भइल एलान, एह तूफानी गेंदबाज के मिलल जगह

Share

भारतीय टीम फिलहाल बांग्लादेश के दौरा पर बा। टीम इंडिया के अतवार से बांग्लादेश के खिलाफ तीन मैच के वनडे सीरीज खेले के बा। एहसे पहिले टीम के बड़ झटका लागल बा। तेज गेंदबाज मोहम्मद शमी कंधा में चोट के वजह से बांग्लादेश के खिलाफ पूरा वनडे सीरीज से बाहर हो गइल बानें। बीसीसीआई एकर पुष्टि कs देहले बा। शमी के जगह वनडे सीरीज खातिर उमरान मलिक के स्क्वॉड में शामिल कइल गइल बा।

बीसीसीआई बतवलस कि तेज गेंदबाज शमी के बांग्लादेश के खिलाफ वनडे सीरीज के तैयारी के दौरान ट्रेनिंग सेशन में कंधा में चोट लागल रहे। ऊ फिलहाल बेंगलुरु के नेशनल क्रिकेट एकेडमी में बीसीसीआई के मेडिकल टीम के निगरानी में रहल अउर तीन मैच के वनडे सीरीज में हिस्सा नाइ ले पइहें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-