ब्रह्माकुमारीज संस्थान के प्रभारी कइलीं डीडीयूजीयू के कुलपति से मुलाकात

Share

गोरखपुर। ब्रह्माकुमारीज संस्थान के समाज सेवा प्रभाग आ स्थानीय गोरखपुर केंद्र के प्रभारी बीके पारूल बियफे के दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. राजेश सिंह से भेंट कइलीं। एह दौरान 21 सितंबर के ब्रह्माकुमारी ईश्वरीय विश्वविद्यालय राजस्थान के ओर से नारी सशक्तीकरण, स्वच्छता, मूल्य निष्ठ समाज के संरचना, नशा मुक्त जीवन, तनाव मुक्त जीवन, आ तनाव प्रबंधन आदि विषयन पs गोरखपुर विश्वविद्यालय में आयोजित होखे वाला जागरूकता कार्यक्रम में सहयोग करे आ सामिल होखे के निमंत्रण देली। कुलपति निमंत्रण के स्वीकार करत अधिष्ठाता छात्र कल्याण प्रो. अजय सिंह के कार्यक्रम के सफल आयोजन खातिर समन्वयक बनवले।

गोरखपुर केंद्र के प्रभारी बीके पारूल बतवली कि आजादी के अमृत महोत्सव से स्वर्णिम भारत के ओर से अभियान के अंतर्गत आयोजित कार्यक्रम में भारत के प्रख्यात वक्ता प्रो ईवी स्वामीनाथन बतौर मुख्य अतिथि सामिल होइहें। ऊ बतवली कि ब्रह्माकुमारीज संस्थान द्वारा भारत सरकार के सहयोग से देशभर में एह पूरा साल चले वाला वक्त अभियान के अंतर्गत 10,000 अलग-अलग कार्यक्रमन के माध्यम से 10 करोड़ लोगन के मानव मूल्यन आ आध्यात्मिकता के ओर जागरूक करे के लक्ष्य निर्धारित कइल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-