साहित्य अकादमी कार्यक्रम के अंतर्गत आज होई सुप्रसिद्ध लेखक मृत्युंजय सिंह आ पवन माथुर के होई रचना पाठ

Share

आज साहित्य अकादमी के अपना साहित्य मंच के अंर्तगत सुपरिचित हिंदी लेखक मृत्युंजय सिंह आ पवन माथुर के रचना पाठ सांझ के 5:30 बजे साहित्य अकादेमी सभाकक्ष , तृतीय तल, रविंद्र भवन, 35 फीरोजशाह मार्ग, नई दिल्ली में होई।

बता दीं की दुनो लेखक लोग साहित्य के क्षेत्र में जानल-मानल नाम बा। मृत्युंजय सिंह बंगाल कैडर के एगो वरिष्ठ आईपीएस अधिकारी होखला के संगे-संगे साहित्य आ संगीत के दुनिया में आपन अलग पहचान आ मुकाम हासिल कइलें बानी।

कुछे दिन पहिले उहां के लिखल काव्य खंड “द्रौपदी” सभे खातिर उपलब्ध भइल आ खासा चरचा के केंद्र में रहल। खास बात ई बा की मृत्युंजय कुमार सिंह जी के हिंदी के संगे- संगे भोजपुरी में रचना खातिर जानल जानी आ उहां के लिखल उपन्यास “गंगा रतन बिदेसी” प्रिंट आ ऑडियो दुनो रूप में उपलब्ध बा।

आज के एह साहित्य अकादेमी के कार्यक्रम में सम्मिलित होके दुनो चर्चित रचनाकार के रचनन के लुफ्त उठावल जा सकत बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-