गोरखपुर: रामगढ़ताल-तरकुलानी प्राकृतिक नाला के किनारे प्लाटिंग ना कइल जा सकी। गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) प्लाटिंग करे आलन आ जमीन के मालिकन के नोटिस भेजके एह सबंध में जानकारी दी। शहर के एगो बड़ हिस्सा से जलनिकासी ला एह प्राकृतिक नाला के ड्रेजिंग के तइयारी चल रहल बा। पहलही से इहवां अतिक्रमण बा, जवना के हटावल जाई। खाली जमीन पs निर्माण ना होखे, एकरा ला प्लाटिंग रोकल जा रहल बा। इहां प्लाटिंग कs चुकल लोगन पs जीडीए कार्रवाई के तइयारी कs रहल बा। जीडीए के एह आदेस प्रापर्टी डीलरन में हड़कंप बा।

जीडीए कावर से प्लाटिंग करे आलन के जारी कइल जाई नोटिस

शहर के बाहरी हिस्सा में प्रापर्टी डीलरन द्वारा धड़ल्ले से प्लाटिंग कइल जा रहल बा। लगभग 15 किलोमीटर लमहर एह प्राकृतिक नाला के निरीक्षण करत मंडलायुक्त एकरा दुनो ओर 10-10 मीटर दूरी में कवनो तरे के निर्माण ना करे के कहले रहस। मुख्यमंत्री के निरदेस पs सिंचाई विभाग के ओर से एकर ड्रेजिंग के कार्ययोजना तइयार कइल जा रहल बा। बरखा से पहिले एह नाला के ड्रेजिंग कइल जाई। सदर तहसील के नाला के चिन्हा करे के कहल गइल बा। निरीक्षण के दौरान इहो पावल गइल कि कुछ जगहन पs नालाके किनारे प्लाटिंग कइल जा रहल बा।

नाला  पs अतिक्रमण रोके ला जीडीए उपाध्यक्ष देले निरदेस 

मंडलायुक्त कावर से प्लाटिंग रोके के निरदेस दिहल गइल बा। जीडीए उपाध्यक्ष नाला के किनारे के जमीन पs प्लाटिंग चिह्नित कs के नोटिस जारी करे के निरदेस दिहल गइल बा। जीडीए के अनुमति के बिना कहियों प्लाटिंग नइखे कइल जा सकत। एकरा पहिलहु कई जगहन पs 153 लोगन के नोटिस दिहल जा चुकल बा।  नाला के किनार जेकर जमीन इस्थित, ओहु लो एह बात ला चेतावल जाई कि बिना जीडीए के अनुमति के ऊ लोग प्लाटिंग ना करे। अइसन कइला पs कार्रवाई कइल जाई।

गोड़धोइया नाला के जइसने रामगढ़ताल-तरकुलानी नाला महत्वपूर्ण बा। रामगढ़ताल में ओवरफ्लो होखे आला पानी के संगही अगरी-कगरीक के गांव से निकले आला पानियो एहि नाला के सहारे गुर्रा नदी ले पहुंचत बा। सिंचाई विभाग के यांत्रिक खंड के टीम एक बेर ड्रेजिंग के लेके सर्वे कs लेले बा। जल्दिये विशेषज्ञन के टीम आई।

रामगढ़ताल-तरकुलानी नाला के किनारे प्लाटिंग पs सब तरे से रोक बा। जीडीए के क्षेत्र में कहियो बिना अनुमति के प्लाटिंग नइखे हो सकत। सब लोगन के नोटिस जारी कइल जा जा रहल बा। – प्रेमरंजन सिंह, उपाध्यक्ष, जीडीए।